रौतहट मे दोब्बर उत्पादन होखेवाला नयाँ प्रजाति के ऊँख खेती शुरु, एक कठा मे ६० क्विनटल तक उत्पादन

मेवालाल यादव
रौतहट ०८ पुस
रौतहट मे ई बरीस नयाँ प्रजाति के ऊँख खेती कईल बा । रौतहट के किसानलोग पहिलका बेर ई बरीस से आउर दोब्बर तक उत्पादन होखेवाला कोजा ८५, सीओजिरो २३८ आ २३९ जात के ऊँख खेती कईल शुरु कईले बाडन ।
जिल्ला के पच्छिमी भेग स्थित कटहरिया, फतुवा विजयपुर आ गुजरा नगरपालिका के किसानलोग आपन खेत मे ई पाली नयाँ प्रजाति के ऊँख खेती कईले बाडन ।
कमे मिहिनेत लगानी आ खर्च मे बेसी उत्पादन होखेके भईला के बाद भारत के पंजाव से कोजा ८५ जात के ऊँख के बिया लिया के इहाँ के किसानलोग रोपेले बाडन । आउर जात के ऊँख से कोजा ८५ जात के ऊँख के उत्पादन दोब्बर होखेके भईला के बाद इहाँ के किसानलोग कोजा ८५ जात के ऊँख खेती करेके ओरी आकर्षित भईल बाडन ।
जिल्ला मे एकरा से पहिले से ५१, ५२, १७८५ लगायत जात के ऊँख खेती होत आईल बा । ई जातसब के ऊँख के उत्पादन एक कठा मे २० से ३० क्विन्टल तक मात्र होखेला माकिर किसानलोग ई बरीस लगायत के कोजा ८५ जात के ऊँख एक कठा मे ५० से ६० क्विन्टल तक उत्पादन होखेला ।
आउर ऊँख एक कठा मे ३० क्वीन्टल तक मात्र उत्पादन होखेके आ कोजा ८५ जात के ऊँख एक कठा मे ६० क्विन्टल तक उत्पादन होखेवाला भईला के बाद इहाँ के किसानलोग कोजा ८५ जात के ऊँख खेती करेके ओरी लागल बाडन ।
एहितरे भारत से हि लियावल गईल सीओजिरो २३८ आ २३९ जात के ऊँख खेती भी जिल्ला मे पहिलका बेर कईल बा ।
सीओजिरो २३८ आ २३९ जात के ऊँख भी एक कठा मे ५० से ६० क्विन्टल तक उत्पादन होखेवाला भईला के बाद इहाँ के कुछ किसानलोग सीओजिरो २३८ आ २३९ जात के भी ऊँख खेती कईले बाडन ।
एक कठा मे ५० से ६० क्विन्टल तक उत्पादन होखेवाला कहल कोजा ८५, सीओजिरो २३८ आ २३९ ऊँख एक कठा मे ५० से ६० क्विन्टल तक उत्पादन भईला पर आवेवाला सिजन से इहे जात के हि ऊँख खेती करेके किसानलोग के योजना बा ।
रौतहट मे ई बरीस शुरु मे कोजा ८५ जात के ऊँख के खेती करिव ६ विगहा क्षेत्रफल आ सीओजिरो २३८ तथा २३९ जात के ऊँख ४ विगहा क्षेत्रफल मे मात्र रोपल गईल बाबा बैजुनाथ सुगर एण्ड केमिकल इण्डस्ट्रिज डुमरीया के उद्योगपति बैजुबाबरा बतवले बानी । एक कठा क्षेत्रफल मे कोजा ८५, सीओजिरो २३८ आ २३९ जात के ऊँख के उत्पादन ५० से ६० क्विन्टल तक होखेके उद्योगपति बाबरा बतवनी ।
ई जातसब के ऊँख उत्पादन करे खातिर किसानलोग के आउर ऊँख जईसन बेसी खर्च भी ना लागी उद्योगपति बाबरा कहनी एक विगहा क्षेत्रफल मे ई जात के ऊँख उत्पादन करे खातिर एक लाख रोपेया मात्र खर्च लागी आ एक विगहा मे ७ लाख के १२ हजार क्विन्टल तक ऊँख उत्पादन होखेके उ बतवनी ।
शुरु शुरु मे कम क्षेत्रफल मे कोजा ८५ जात के ऊँख खेती कईला पर भी आवेवाला सिजन से ई प्रजाति के ऊँख खेती के विस्तार करेके उद्योगपति बाबरा बतवनी ।
कोजा ८५, सीओजिरो २३८ आ २३९ जात के ऊँख उँच जमिन मे मात्र होखेला आ ऊँख के एगो झार कम्ति मे तिन से चार फिट तक के दुरी मे रोपेके पडि ।
ई बरीस जिल्ला मे ५१, ५२, १७८५, कोजा ८५, सीओजिरो २३८, २३९ लगायत जात के करके १२ से १५ लाख क्विन्टल तक ऊँख उत्पादन होखेके ऊँख उत्पादक संघ रौतहट के अध्यक्ष अशोक यादव बतवनी ।
भारत से ई बरीस आईल कोजा ८५, सीओजिरो २३८, २३९ ऊँख खेती के विस्तार भईला पर जिल्ला मेि ऊँख खेती फस्टावत जाएके संघ के अध्यक्ष यादव विश्वास व्यक्त कइनी ।
जिल्ला मे दु गो चिनी उद्योग रहला मे श्रीराम सुगर मिल्स गरुडा बन्द अवस्था मे रहल बा आ बाबा बैजुनाथ सुगर एण्ड केमिकल इण्डस्ट्रिज सञ्चालन रहल बा ।
एहितरे पिछिलका समय श्रीराम सुगर मिल्स बन्द भईला के चलते इहाँ के अधिकांश किसानलोग निराश होत ऊँख खेती कईल छोडले बाडन ।
भुक्तानी ना देके श्रीराम सुगर मिल बन्द भईल आ एकरा से पहिले रोपत आईल ऊँखबाली के बढिया उत्पादकत्व ना भईल जईसन कारण से किसानलोग निराश भईल बाडन ।
ऊँख के उत्पादकत्व वृद्धि ना भईला पर बढिया आम्दानी करे ना सकल किसान सिकाईत कर रहला पर इहाँ के ऊँख से दोब्बर उत्पादन होखेवाला कोजा ८५, सीओजिरो २३८ आ २३९ उन्नत जात के ऊँख के खेती कईल शुरु कईला से रौतहट मे अब फेनु पहिले जईसन ऊँखखेती विस्तार होखेके देखल गईल बा ।





