५ महिना मे वीरगंज आईसीपी मे ८२ हजार गाडी आईल, १४ करोड राजस्व संकलन

वीरगंज ०९ पुस

चालु आर्थिक बरीस २०७७÷०७८ के पाँच महिना मे वीरगंजस्थित एकीकृत भन्सार जाँच चौकी (आईसीपी) मे ८२ हजार ५९ गो मालबहाक, नयाँ सवारी तथा खाली सवारी साधन आईल बा ।

एलपी ग्याँस बुलेट ५ हजार ८०४ गो, पेट्रोल ट्याङ्कर चार हजार ५९५ गो, किरोसन लादल १ सय ९९ आ आउर सवारी ६४ हजार ३ सय ७८ गो आईल बा ।

आईसीपी सञ्चालक संस्था नेपाल इन्टरमोडल यातायात विकास समिति के वीरगंज स्थित कार्यालय के मुताविक ७४ हजार ५७६ गो गाडी भारत ओरी से समान आयात कईले बा आ ७ हजार ४ सय ८३ गो सवारी नेपाल से भारत ओरी समान निर्यात कईले बा ।

भारत से मालबहाक सवारी साधन आ नयाँ गाडी बहुते आवेला आ नेपाल ओरी से कम समान निर्यात हो रहल बा ।

कम्पनी आईसीपी आवेवाला गाडी से प्रवेश शुल्क, पार्किङ, गोदाम आ तौल कईल शुल्क लेवेला । जउना से चालु आर्थिक बरीस मे १४ करोड ५१ लाख १४ हजार ८९ रोपेया संकलन भईल विकास समिति के वीरगंज आईसीपी कार्यालय प्रमुख कमल ज्ञवाली जानकारी देहनी ।

उनका मुताविक पिछिला आर्थिक बरीस मे २०७६÷०७७ मे १ लाख ५२ हजार १७२ गो सवारी आईसीपी मे आईल बा । एलपी ग्याँस बुलेट १४ हजार ९ सय ५५ गो, पेट्रोल ट्याङकर ९ हजार ३०२, डिजेल ३ हजार ३५० आ १ लाख २४ हजार ५ सय २५ गो आउर सवारी आईल बा ।

जउना मे १ लाख ३५ हजार १७ गो गाडी मालसमान आयात मे संलग्न रहे आ १७ हजार १५५ गो गाडी मालसमान निर्यात मे संलग्न रहे ।

कम्पनी बितल आर्थिक बरीस मे २० करोड ८९ लाख २४ हजार १७६ रोपेया संकलन कईले रहे ।

चईत २८ से जेठ २५ गते तक अनेकन शुल्क मे लकडाउन डिस्काउन्ट कईले रहे । कार्यालय १ करोड ४८ लाख ६१ हजार ७ सय ३० रोपेया लकडाउन छुट कईल कार्यालय प्रमुख ज्ञवाली बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।