स्वास्थ्यकर्मी सहित बारा मे आठ सक्रमित थपईलें
स्वास्थ्यकर्मी सहित बारा मे आठ सक्रमित थपईलें

बारा १४ जेठ
एक स्वास्थ्यकर्मी सहित बारा मे आजु आठ नयाँ कोरोना संक्रमित थपाईल बाडन ।
पचरौता नगरपालिका के क्वारेन्टाइन मे कार्यरत स्वास्थ्यकर्मी सहित आठ जने मे कोरोना पुष्टि भईल बा ।
उ उलोगके स्वाब परीक्षण राष्ट्रिय जनस्वास्थ्य प्रयोगशाला मे कईल रहे ।
संक्रमित मेसे अहेब पद के स्वास्थ्यकर्मी रौतहट के हउवन आ आउर सात पचरौता नगरपालिका वार्ड नम्बर १,२,५ आ ७ के हउवन । संक्रमित होखेवाला मे एक जनानी भी रहल बाडि ।
भारत के अनेकन शहर से नेपाल आईल उलोग के बैशाख ३१ गते सुरक्षाकर्मी से नियन्त्रण मे लेके क्वारेन्टाइन मे रखले रहलन ।
उहे क्वारेन्टाइन के सुरक्षार्थ खटल नेपाली सेना के दु जवानसहित पाँच जने मे मंगर के दिने कोरोना पुष्टि भईल रहे ।
क्वारेन्टाइन मे रहल नागरिक, स्वास्थ्यकर्मी आ सुरक्षाकर्मी करके ५८ जने के स्बाव जेठ ७ गते परीक्षण के खातिर पठावल गईल रहे । परीक्षण कईल ५७ जने मेसे अभी तक १३ संक्रमित मिलल बाडन ।
एक जने के रिपोर्ट आवेके बाँकी बा ।
संक्रमित आठ जने के कलैया अस्पताल लियावे के तइयारी हो रहल बारा के प्रहरी प्रवक्ता डिएसपी गौतम मिश्र जानकारी देहनी ।
ई सँगे बारा मे संक्रमित होखेवाला के संख्या ५५ पुगल बा ।
एकरा से पहिले बारा मे सात पुलीस, दु सेना, महागढीमाई नगरपालिका मे २१, सिम्रौनगढ नगरपालिका मे ७, करैयामाई गाँवपालिका मे तीन, पचरौता गाँवपालिका मे तीन, आदर्श कोतवाल गाँवपालिका मे दु, जीतपुरसिमरा उपमहानगरपालिका मे एक आ बिश्रामपुर गाँवपालिका मे एक जने संक्रमित रहल बाडन ।
संक्रमित मेसे करैयामाई गाँवपालिका के ७० बरीस के बुढ के ईलाज के समय मे मृत्यु भईला के बाद कोरोना पुष्टि भईल रहे ।
आउर संक्रमित मेसे जीतपुरसिमरा उपमहानगरपालिका एक आ स्रिमौनगढ नगरपालिका के एक करके दु जने ईलाज के बाद घर फिर्ता गईल बाडन ।
बिश्रामपुर गाँवपालिका के एक पुरुष के वीरगंजस्थित सिद्धार्थ क्वारेन्टाइन राखल गईल बा आ आउर कलैया अस्पताल के आइशोलेसन मे बाडन ।





