कलैया मे राजावादी के मोटरसाईकल जुलुस

प्रभु यादव
बारा १० पुस
बारा के कलैया मे राजावादी मोटरसाईकल जुलुस निकलले बाडन । सिद्धेश्वर मन्दिर के प्राणङ्ग से सुरू भईल मोटरसाईकल जुलुस नगरपालिका धुमत चौक पर पुग के सभा मे परिणत भईल रहे ।
२०७२ साल के संविधान जनता के संरक्षण करे ना सकल खारिज करे के, २०४६ साल मे बनल संविधान लागू करे के, नेपाल मे राजतन्त्र सहित के प्रजातन्त्र लियावे के माग करत मोटरसाईकल जुलुस कईल गईल रहे जेकर अगुवाई बृजकिशोर साह कईले रहनी ।
विना हिंसा के आन्दोलन से हिन्दु धर्म सहित के राजसंस्था लिया के देश के भ्रष्टाचार से बचावे खातिर जनता अगाडि बढ गईल बा साह जनकारी करावले रहनी ।
सभा के प्रमुख अतिथि रामअयोध्या साह अभी गणतन्त्र मे नेता लोग भ्रष्टाचार बढा देहले बाडन ओकरा खातिर जनता के राजा के आश्यकता रहल जनकारी करावले रहनी ।
बारा के बहुते जगह से राजतन्त्र से आशा विश्वास राखेवाला लोग जुलुस मे ढोल बाजा सहित सहभागी भईल रहलन ।






