बारागढी गाँवपालिका मे निःशुल्क आखा शिविर पुरा

प्रभु यादव

बारा ११ पुस

बारागढी गाँवपालिका मे दु दिने निःशुल्क आखा आ मोतिया विन्दु शल्यक्रिया शिविर पुरा भईल बा ।

पुस ९ आ १० गते सञ्चालन कईल गईल आखा शिविर मे तीन सय ६९ जने मरदाना आ चार सय १७ जने जनानी कर के सात सय ८६ जने आख चेक जाँच करवले रहलन ।

चेक जाँच कईल विमार लोग मे से तीन सय ३३ जने के आख मे मोतिया विन्दु शल्यक्रिया करे के डाक्टर लोग सिफारीस कईले बा प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत अमोद चौधरी जनकारी करावले बानी ।

गाँवपालिका के आर्थीक सहजोग आ किरण आँखा अस्पताल वीरगंज के चिकित्सक लोग के सहकार्य मे शिविर सञ्चालन कईल गईल अधिकृत चौधरी जनकारी करावले बानी ।

निशुल्क आँखा शल्यक्रिया किरण आखा अस्पताल वीरंगज मे पुस के २१ गते से सुरू करे के चौधरी जनकारी करावले बानी । अप्रेसन, दावाई, खाना आ आवत जावत भाडा समेत के पालिका से ही व्यवस्था कईल गईल बा ।

कार्जक्रम सञ्चालन करे के बनावल समय मे राखल लक्ष्य से दोबर विमार लोग निकलल जवना से रोपेया थप करे के परी अधिकृत चौधरी जनकारी करावले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।