चपुर मे एके नम्बर के दु गो गाडि मिलल

मेवालाल यादव

रौतहट १२ पुस

रौतहट के चन्द्रनिगाहपुर मे एके नम्बर प्लेट के २ गो गाडी मिलल बा । जिल्ला के चन्द्रनिगाहपुर चोक मे कुमारी बैंक अगाडि रोक के राखल अवस्था मे बा१७च ९३६५ नम्बर के स्कोरपियो गाडी मिलल बा ।

दु गो गाडी मेसे एगो उजर रंग के आ दोसर सिल्भर रंग के रहल बा । एके नम्बर के दु गो गाडी देखला के बाद स्थानीय पुलीस के खबर कईला के बाद पुलीस दुनु गाडी के नियन्त्रण मे लेके अनुसन्धान कर रहल इलाका प्रहरी कार्यालय चन्द्रनिगाहपुर के प्रमुख प्रहरी नायब उपरीक्षक हेम शाही जानकारी देहनी ।

उ मेसे सिल्भर रंग के गाडी के विलबुक तथा कागजात साथ मे रहल माकिर उजर रंग के गाडी के कुछो भी कागजात ना मिलल आ चालक भी फरार रहल प्रहरी नायब उपरीक्षक शाही बतवनी ।

उजर गाडी लक रहल अवस्था मे पुलीस गाडी मिस्त्री के सहायता से लक खोल के इलाका प्रहरी कार्यालय मे लिआईल रहे ।

सिल्भर रंग के गाडी सर्लाही के बागमती मे रहल टि–गार्डेन रिर्सोट के नाम मे रहल रिसोर्ट के कर्मचारी रोशन लामा बतवनी ।

खुदसब काम विशेष से उ गाडी लेके चन्द्रनिगाहपुर मे अईला पर आपन गाडी के नम्बर प्लेट के दोसर गाडी भी मिलल लामा बतवनी ।

दोसर गाडी के बारे मे आउर अनुसन्धान हो रहल आ उ गाडी भारत से चोरी करके लियाके नेपाली नम्बर प्लेट डाल के चला रहल हो सकेके पुलीस के आशंका रहल बा ।

रौतहट के अनेकन जगहासब मे भारत सेचोरी के गाडी लियाके नेपाली नम्बर प्लेट राख के चढल मिलला से पुलीस से चेकिङ्ग मे ध्यान देवे खातिर स्थानीयलोग निहोरा कईले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।