कोरोनाकाल मे सञ्चारजगत् से खेलल भूमिका प्रशंसनीय बा : पूर्वप्रधानमन्त्री भट्टराई

वीरगंज २७ कुवार,
पूर्वप्रधानमन्त्री एवं जनता समाजवादी पार्टी नेपाल के वरिष्ठ नेता डा बाबुराम भट्टराई कोरोना महामारी के कठिन घडी मे सूचना प्रवाह करके सम्बन्धित निकाय के जिम्मेवार बनावे खातिर नेपाली सञ्चारजगत् से खेलल भूमिका प्रशंसनीय रहल बतवनी ।
उ महामारी के कठिन दौर मे सरकार के जिम्मेवार बनावे खातिर सूचना सम्प्रेसन करके सञ्चारमाध्यम से यर्थातता के जनतासमक्ष पुगावत सरकार के जनहित मे काम करेमे बाध्य बनावल जिकिर कइनी ।
पिसिमिडिया नेटर्वक प्रालिद्वारा वीरगंज मे सञ्चालित रेडियो सान्भी ९६.४ मेघाहर्ज आ साझा डेली डडकम के आजु एक समारोह के बीच उद्घाटन करत पूर्वप्रधानमन्त्री भट्टराई सञ्चारजगत् से खेलल भूमिका के चलते समाज मे न्याय व्यवस्था कामय होखेमे मद्दत पुगला के साथे लोकतन्त्र बरियार होत गईल बतवनी ।
लोकतन्त्र के चउथका अङ्ग के रुप मे रहल सञ्चार क्षेत्र के स्वतन्त्र, निष्पक्ष आ आर्थिकरुप मे सवल आ आत्मनिर्भर बनावे ना सकल लोकतन्त्र कमजोर होखेके खतरा रहल नेता भट्टराई जिकिर कइनी ।
उ सञ्चार क्षेत्र मे लगानी करेवाला लगानीकर्ता से सञ्चारगृह मे काम करेवाला सञ्चारकर्मी के आर्थिकरुप मे बरियार बनावेके ओरी ध्यान देहल जरुरी रहल बतावत सञ्चार क्षेत्र के आर्थिकरुप मे सवल बनावे खातिर सरकार भी पहलकदमी लेवेके बिचार रखनी ।
उद्घाटन समारोह मे सहभागी रहल जनता समाजवादी पार्टी नेपाल के कार्यकारी अध्यक्ष एवं पूर्वउपप्रधानमन्त्री उपेन्द्र यादव सामाजिक न्याय, मौलिक अधिकार आ मानवअधिकार रक्षा के खातिर नेपाली सञ्चारजगत् से बढिया भूमिका निर्वाह कईला पर भी ओकरा के आउर व्यवस्थितरुप मे अगाडि बढावल जरुरी रहल बिचार रखनी ।
उ देश मे राज्यपक्ष से विभेद आ मानवअधिकार उल्लङ्घन के घटना प्रकाश मे आरहल वर्तमान अवस्था मे सञ्चारजगत् के भूमिका के आउर बढवले बा आ खोजी पत्रकारिता के नयाँस्वरुप मे अगाडि बढावे खातिर सञ्चार क्षेत्र उपर दायित्व के बढावल बतवनी ।
रेडियो सान्भी के महाप्रबन्धक नवराज फुयाँल के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम के सम्बोधन करत प्रदेश नं २ के मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत गद्दी प्रदेश सरकार से लियावल सञ्चारक कानून उपर नेपाल पत्रकार महासङ्घ के असन्तुष्टि के इहे दशहरा आ तिहार के बीच दु पक्षीय बईठक तथा छलफल से टुङ्ग्यावे के प्रतिबद्धता व्यक्त कइनी ।
उ सञ्चारजगत् से लोकतन्त्र तथा सङ्घीयता के स्थापित करावे खातिर खेलल भूमिका के प्रदेश सरकार से उच्च मूल्याङ्कन कईल आ सञ्चार कानून मे देखल गईल विमति के जलदी समाप्त करत सञ्चारमैत्री कानून निर्माण करेके दाबी कइनी ।






