नापी शाखा बारा के कर्मचारी घुस लेवेमे माहिर, जमिनवाला पिडित बन रहल

प्रभु यादव

बारा १३ पुस

बारा के नापी शाखा कार्यालय कलैया मे कर्मचारी सब सेवाग्रही से रकम असुल रहल बाडन ।

जमिन के सिमाना छुटियावेला नापी शाखा मे निवेदन देहला के बाद सरकारी दस्तुर बुझावे के परेला जवन रसिद काट के राजश्व मे दाखिला होला माकिर नापेवाला अमिन लोग फिल्ड मे जाएला दुबारा रकम लेरहल बाडन कहके सेवाग्राही लोग आरोप लगवले बाडन ।

नेपाल सरकार के लागेवाला दस्तुर ना देहला वाद सिमाना छुटीयावे ना जालन माकिर रसिद कटवला के बाद बहुते समय मिलेला अन्तः तीन चार बेर दउडला के बाद पईसा के मोल तोल कर के सिमाना छुटयावे पुगेला प्रसौनी गाँवपालिका २ के हरि प्रसाद सिकायत कईले बानी ।

एक किता के सिमाना छुटयावेला सरकारी दस्तुर चार हजार तिरे के परेला आ अमिन लोग से समय लेवेला हजारो खर्च कईला के बाद अन्त मे पाँच हजार से आठ हजार तक मे मोलतोल कर के जमिन छुटयावे पुगेलन कहके सिकायत हरिजी के रहल बा ।

बारा के सिगासनी, सिम्रौनगढ, पचरौता, कवही, विश्रामपुर, ईटीयाही लगायत के दुर दुर के गाँव मे पुगेला सरकारी दस्तुर से दोवर रकम लेहला के वाद अमिन सहित के टोली सिमाना छुटयावे पहुचेला लेखाढी करेवाला लोग के सिकायत रहल बा ।

दोहरो मार मे पडा के सिमाना छुयावे काहे जायल जाला ओकर जवाफ मे नापी अधिकृत क्रान्ति कुमार गुप्ता कार्यालय समय से पहिले आ वाद मे फिल्ड मे गईला वाद दोहरो समय खर्च कईला से कुछ परिश्रमीक स्वरूप मोटरसाईकल खर्च सेवाग्रही देवेला कहके जानकारी करावले बानी ।

नेपाल सरकार के राजश्व बुझावल जाला माकिर फिल्ड मे खटेवाला के भ्रमण भता ना उपलब्ध होखेला जवना के कारण सेवाग्रही से लेवे के परेला अधिकृत गुप्ता जनकारी करावले बानी ।

भ्रमण भात्ता स्वरूप बजेट उपर से एक लाख पेठावेला जवन कार्यालय प्रमुख के कार्यालय के काम काज मे बाहर आवत जावत मे खर्च भईला से सिमाना छुटयावे जाएवाला के पुगे नासकेला गुप्ता जनकारी करावले बानी ।

पिछला बरीस मे दु लाख आईल रहल कार्तिक से फिल्ड मे काम कईल कर्मचारी सब ना लेवे सकल आ चईत महिना मे आईला से बजेट ना खर्च करे के सरकार से पत्र आईला पर केहु नालेवे सकल गुप्ता जनकारी करावले बानी ।

आपना सभे के कर्मचारी सब के कहले बानी केहु नास्ता खर्च देरहल बा तब लेवे के ना त केहु से माग ना करे के जदी माग रहल बा तब गैर काम भईल गुप्ता कहनी ।

नापी कार्यालय मे नाक्सा सब जिर्ण अवस्था मे रहल बा जवना के कारण, काम काज करे मे कठिनाई होरहल गुप्ता जनकारी करावले बानी ।

पहिले नाक्सा मे स्केल से किता काट कईल जात रहल जवना के कारण जमिन मे अधिक आ कमी भईल बा ओकरा के सचियावे वाला के निवेदन अधिक भईला से काम के चाप बढल गुप्ता जनकारी करावले बानी ।

अब सभे काम कम्युटर के माध्यम से कईल जारहल बा जवना से आवेवाला दिन मे ओईसन गल्ती सब ना आवे के विश्वास रहल कहनी ।

पाँच साल पहिले से सिम्रौनगढ मे नापी कार्यालय आ मालपोत कार्यालय स्थापना करेला कर्मचारी सरकार से खटावले बा माकिर जनता के ठगेला ना मिलि ओही से आलटाल कर के कलैया मे रह के ठगी कर रहल सिम्रौनगढ नगरपालिका के मेयर विजयशकर यादव आरोप लगावले वाडन ।

मालपोत आ नापी कार्यालय मे खुलमखुला पईसा के मोलतोल कर के टेवुल मे लेहल जारहल बा जवना के उपर वाला निकाय मौन भईला से सभे के मिलोमतो मे जनता के ठगी कईल जारहल नागरीक अगुवा लोग के कहनाम रहल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।