गृह मन्त्रालय से भी उपर बाडन कालिकामाई के जनप्रतिनिधि, अधिकार बाहर जाके निर्णय कईलें

वीरगंज १५ पुस,

पर्सा के कालिकामाई गाँवपालिका जनप्रतिनिधिलोग पद आ पावर के भरपुर दुरुपयोग कईल जनावल गईल बा । गृह मन्त्रालय के निर्देशन विपरित गाँवपालिका के पंजकिरण शाखा मे कार्यरत रहल दु कर्मचारी के म्याद थप ना करेके निर्णय करके पद आ पावर के दुरुपयोग कईले बाडन ।

गाँवपालिका अध्यक्ष नथुनी प्रसाद कुशावाहा सहित के जनप्रतिनिधि कार्यपालिका के बईठक से निर्णय करके विपद् व्यवस्थापन के रोपेया से भत्ता के नाम मे एक÷एक लाख रोपेया भागबाँडा लगावल एक महिना ना वितते फेनु नियम विपरित दोसर निर्णय कईले बाडन ।

पुस ११ गते शनिचर के दिने वीरगंज मे बईठल कार्यपालिका के बईठक से राष्ट्र व्यापी समाजिक सुरक्षा तथा व्यक्तिगत घटना दर्ता प्रणाली सुदृढीकरण आयोजना मे अवसर पडेके निर्णय करके पद आ पावर के दुरुपयोग कईले बाडन ।

कार्यपालिका के बईठक से गाँवपालिका के पंजिकरण शाखा मे कार्यरत रहल एम.आई.एस. अपरेटर आ फिल्ड सहायक के म्याद थप ना करेके निर्णय कईले बा ।

राष्ट्र व्यापी खुल्ला प्रतियोगिता से सेवा कारार मे न्युक्त भईल एम.आई.एस. अपरेटर लक्ष्मण साह आ फिल्ड सहायक भेष साह के म्याद थप ना करे खातिर निर्णय भईल गाँवपालिका अध्यक्ष कुशवाहा खुदे जानकारी करावल पत्र सार्वजनिक भईला के बाद अईसन खुलाशा भईल बा ।

एकरा साथे गाँवपालिका अध्यक्ष कुशवाहा प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत के प्रशासनिक अधिकार उपर भी हस्तक्षेप कईले बाडन । प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत के अधिकार भितर पडेवाला कर्मचारी म्याद थप सम्बन्धि अधिकार मे हस्तक्षेप करत उ एक वार्ड अध्यक्ष के दबाव मे बोर्ड बईठक से निर्णय कराके खुद एक पत्र लिखत निर्णय के बारे मे जानकारी करवले बानी ।

गाँवपालिका कर्मचारी स्रोत के मुताविक नियम विपरित के पत्र प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत जयचन्द्र साह लिखेके ना मानला के बाद गाँवपालिका अध्यक्ष खुदे लिखके पद के दुरुपयोग कईले बाडन ।

खुदसब स्थानिय सरकार भईला से कार्यपालिका के बईठक से जउन निर्णय करके कुछो करे सकेके सोंच से अधिकार बाहर जाके अईसन निर्णय कईल गाँवपालिका के कर्मचारीलोग बतवले बाडन ।

दोसर ओरी उ पत्र मे दुनु कर्मचारी के काम आ प्रगति विवरण संतोषजनक ना रहल कहत निर्णय भईला से म्याद करार नविकरण करे ना सकेके लिखला पर भी गाँवपालिका के प्रशासन शाखा मिति २०७७÷०८÷०८ मे कार्य सम्पादन संतोषजनक रहल टिप्पणी आदेश देहले बा ।

एकरा से जनप्रतिनिधिलोग आपन अधिकार बाहर जाके अईसन निर्णय कईल सहजे बुझल जा सकता । जउन निर्णय के कउनो जरुरत ना भईला पर भी बलजबरजस्ती ओईसन निर्णय करके प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत के अनावश्यक दबाव देरहल बाडन ।

गृह मन्त्रालय अन्तर्गत पडेवाला राष्ट्रिय परिचय पत्र तथा पंजिकरण विभाग से बितल बरीस खुल्ला प्रतियोगिताद्वारा समाजिक सुरक्षा तथा व्यक्तिगत घटना दर्ता प्रणाली सुदृढीकरण के खातिर देशभर के ७५३ स्थानिय तह के पंजिकरण शाखा मे एम.आई.एस. अपरेटर आ फिल्ड सहायक नियुक्ती के खातिर पठवले रहे ।

सामाजिक सुरक्षा तथा व्यक्तिगत घटना दर्ता प्रणाली अनलाइन करके सुदृढ करे खातिर देशभर जईसन कालिकामाई मे भी २०७६ पुस महिना मे ई दुनु कर्मचारी नियुक्त भईल रहलन ।

कालिकामाई मे पंजिकरण विभाग खुदे खुल्ला प्रतियोगिताद्वारा पठावल दुनु कर्मचारी कउनो भी जनप्रतिनिधि के आफन्त भा लगे के आदमी ना भईला से उहे समय से उलोग के मुडि दुखाई भईल रहे ।

ओहिसे करार सेवा मे नियुक्ति भईल उलोग के म्याद ओरईला के बाद म्याद ना थपेके निर्णय कईले बाडन । उलोग के हटा के आपन आदमी राखेके योजना रहला पर भी ओईसन करे ना मिलेके राष्ट्रिय परिचय पत्र तथा पंजिकरण विभाग जनवले बा ।

पंजिकरण विभाग मिति २०७७ पुस १२ गते गाँवपालिका के पत्रचार हि करके राष्ट्रव्यापरी खुल्ला प्रतियोगिता से सेवा कारार मे न्युक्त भईल एम.आई.एस. अपरेटर आ फिल्ड सहायक के म्याद थप करेके निर्देशन देहला पर भी उ निर्देशन के अवहेलना कईले बाडन ।

ई दुनु कर्मचारी के म्याद अभी तक काहे ना थपाईल कहके प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत जय चन्द्र साह से बुझला पर म्याद थप ना करे खातिर कुछ जनप्रतिनिधिलोग दबाव देहल बतवले बाडन । उ खुद चाहके भी म्याद थपे सकेके स्विकार करत, कार्यपालिका के दबाव रहल बतवनी ।

ओमे जनप्रतिनिधि भा कार्यपालिका के जरुरत त नइखे कहके पुछला पर उ खुद के जानकारी भईला पर भी कार्यपालिका के बाहर जाए ना सकेके उनकर कहनाम बा ।

स्रोत के मुताविका उनका के पंजिकर शाखा रहल वार्ड के वार्ड अध्यक्ष म्याद थप ना करे खातिर बिशेष दबाव देहले बाडन । ओकरा उलटा गईला पर आपन सरुवा करावे के प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत साह मे डर देखल गईल स्थानियलोग बतवले बाडन ।

दुनु कर्मचारी के म्याद थप ना कईला पर राष्ट्र व्यापी समाजिक सुरक्षा तथा व्यक्तिगत घटना दर्ता प्रणाली सुदृढीकरण आयोजना मे अवसर पडेके देखल गईल बा ।

अईसन प्रवृति आउर पालिका के जनप्रतिनिधिलोग मे भी बढेके देखल गइल बा । उहे होके सम्बन्धित निकाय जरुरी कदम चालल जरुरी देखल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।