सरकार से कृषि मे देहल अनुदान २२ प्रतिशत किसान तक पहुँच रहल : प्रमुख साह

प्रभु यादव
बारा १० भादो
बारा के कलैया मे दिगो खाद्य प्रणाली मे उत्पादन समूह एवं साना किसान के योगदान विषयक प्राविधिक सँगे बतकही कार्जक्रम पुरा भईल बा ।
कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि पशु विज्ञ केन्द्र इकाई कार्यालय बारा के प्रमुख शंकर साह सरकार से देहल जारहल अनुदान १८ से २२ प्रतिशत किसान सब के पहुँच पुगल जनकारी करावले बानी ।
कृषि विकास विना के सरकार के कवनो संयन्त्र निमन से ना सञ्चालन होसकत बा कहत ७८ प्रतिशत किसान लोग के पहुच अनुदान मे पुगावे के काम कईल जाए के प्रमुख अतिथि साह सुझाव देहले रहनी ।
नेपाल मे रहल तीन तह के सरकार मे समन्व करावेवाला काम किसान सब के संघ कर सकत बा प्रमुख साह जनकारी करावले रहनी ।
विशिष्ट अतिथि प्रधानमन्त्री कृषि आधुनिकरण परियोजना कार्यनवयन एकाई कार्यालय बारा के प्रमुख डाक्टर सुरेन्द्र यादव कृषि मे जेतना चाहिँ बजेट ओतना ना भईल जनकारी करावले रहनी ।
छोट छोट किसान के खातिर अनुदान मे आईल कार्जक्रम मे पहुच पुगावेला व्यवसायिक किसान सब के सुलभ व्याज मे ऋण के व्यवस्था कर के उत्पादन करेला सहजोग कईला पर पुग सकेके प्रमुख यादव जनकारी करावले रहनी ।
नेपाल मे रहल ६६ प्रतिशत जनता के पेशा रहल बा कृषि ओकरा के बढावेला ओही किसिम के बजेट हर तह के सरकार से विनियोजन कर के सचेतना सहित के व्यवस्थापन कईला पर उत्पादन बढे के आ खाद्य प्रणाली मे सुधार होखे के प्रमुख यादव जनकारी करावले रहनी ।
प्रधानमन्त्री कृषि आधुनिकरण परियोजना कार्वन्यन एकाई कार्यालय से बारा मे मछली, केरा आ दूध डेरी जोन सञ्चालन भईला से किसान लोग आपन आपन पेशा मे सुझाव सल्लाह आ सुविधा लेवे के प्रमुख यादव निहोरा कईले रहनी ।
फेटा गाँवपालिका के कृषि प्राविधिक संजय कुशवाहा कृषि ज्ञान केन्द्र मे अगुवा किसान के पहुच मातरे रहल बा माकिर पालिका से सञ्चालन कईल गईल कार्जक्रम मे सर्वसधारण किसान लोग के पहुच पुगल जानकारी पुगल बतावले रहनी ।
सहभागी किसान लोग पालिका से बजेट बनावे मे ना किसान से सल्लाह लेवेला ना खर्च करेला पार्टी के नजिक के लोग के मातरे पहुच मे करेला सिकायत कईले रहनी । सीमान्तकृत समुदाय के अधिकार, दिगो खाद्यान्न प्रणाली मे मुल अधार नारा के साथ अन्तराष्ट्रिय खाद्य प्रणाली सम्मेलन २०२१ के सन्दर्भ मे दिगो खाद्य प्रणाली मे उत्पादन समूह एवं साना किसान के योगदान विषयक बतकही कार्जक्रम कृषि ज्ञान केन्द्र मे सम्पन्न भईल रहल ।
राष्ट्रिय कृषक समूह महासंघ नेपाल के अगुवाइ मे सामुदायिक वन उपभोक्ता महासंघ बारा आ राष्ट्रिय भुमि अधिकार मञ्च के आयोजना मे कार्जक्रम सम्पन्न भईल रहल । राष्ट्रिय कृषक समूह महासंघ नेपाल के बारा अध्यक्ष जोविन्द्र प्रसाद कलवार के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे केन्द्रीय अध्यक्ष नवराज बस्नेत, प्रदेश नम्वर २ के अध्यक्ष मुक्तिनारायण यादव, कृषि ज्ञान केन्द्र के गेनालाल मण्डल सहित अगुवा किसान आ पालिका के कृषि शाखा प्राविधिक लोग के सहभागिता रहल रहे ।





