बहुदरमाई नगरपालिका नगरवासी के निःशुल्क खुन उपलब्ध कराई

वीरगंज १६ पुस

पर्सा के बहुदरमाई नगरपालिका नगरवासी के जरुरी पडला पर निःशुल्क खुन उपलब्ध करावेके भईल बा । नेपाल रेडक्रस सोसाइटी पर्सा शाखा से बहुदरमाई नगरपालिका उ बारेमे सम्झौता कईले बा ।

निःशुल्क खुन उपलब्ध करावे खातिर नगरप्रमुख नितेन्द्र साह रेडक्रस पर्सा के १ लाख रोपेया हस्तान्तरण भी कईले बा । नगरवासी केहु बेमार होके खुन के जरुरत भईला पर निशुल्क उपलब्ध करावे के उद्देश्य से रेडक्रस के रकम प्रदान कईल नगर प्रमुख साह जानकारी देहनी ।

‘बहुदरमाई के बासिन्दा अब के दिन मे खुन जरुरत भईला पर शुल्क तिरेके ना पडि । पहिचान पत्र लेके ब्लड बैंक पुगला से होखी,’ कहत उ, ‘आकस्मिक समस्या पडला पर कम भईला पर भी राहत होखो कहके निःशुल्क खुन के बन्दोबस्ती मिलवले बानी ।’

बहुदरमाई नगरपालिका के नागरिकता, बच्चा के जन्मदर्ता के फोटोकपी उपलब्ध करईला के बाद निःशुल्क खुन उपलब्ध करावे के नेपाल रेडक्रस सोसाईटी पर्सा शाखा सभापति विरेन्द्रराज कँडेल जानकारी देहनी ।

वीरगंजस्थित रक्तसञ्चार केन्द्र मे एक पोका खुन के ८ सय ५० रोपेया लागेला । एकरा से पहिले वीरगंज महानगरपालिका सुत्केरी जनानी के निःशुल्क खुन उपलब्ध करावत आईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।