कोरोना संक्रमित १४ बरीस के किशोर के ईलाज अब वीरगंज मे

जनकपुरधाम ११ बैशाख
कोरोना ना देखल गईला के बाद अस्पताल से डिस्चार्ज भइल १४ बरीस के किशोर दोसर जाँच मे संक्रमित मिलला के बाद उनका के ईलाज के खातिर वीरगंज पठावेके जनावल गईल बा ।
उ लईका के ईलाज के खातिर वीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल पठावे लागल सर्लाही के प्रमुख जिल्ला अधिकारी मोहनबहादुर जिसी बतवनी । ‘एम्बुलेन्स बोलावल गईल बा, कुछ देर मे उनका के वीरगंज पठावे लागल बा,’ कहके बतवनी ।
सर्लाही के धनकौल गाँवपालिका ५ के ई लईका बितल चईत २३ गते भारत के दिल्ली से आईल घर फिर्ता भईला के बाद क्वारेन्टाइन मे राखल गईल रहे । वैशाख ५ गते उनकर ¥यापिड टेस्ट कईला पर पोजेटिभ देखल गईला के बाद पीसीआर परीक्षण करे खातिर प्रादेशिक अस्पताल जनकपुरधाम लियावल गईल रहे ।
माकिर इहाँ उनकर स्वाब नेगेटिभ रिपोर्ट देहला के बाद डिस्चार्ज करत लईका के स्वाब फेनु परीक्षण के खातिर काठमाण्डु के टेकु अस्पताल पठावल गईल रहे । जहाँ उनकर रिपोर्ट पोजेटिभ आईल बा ।
पोजेटिभ देखल गईल लइका के ईलाज के खातिर वीरगंज पठावल गईल बा । एकरा सँगे प्रदेश २ मे संक्रमित पाँच जने के ईलाज नारायणी अस्पताल मे होखी ।




