मोटरसाइकल के ठोकर से हरिण के मृत्यु

जनकपुरधाम २१ पुस

बारा मे कार के ठोकर से बाघ के मृत्यु भईल एक हप्ता ना बितत सर्लाही मे मोटरसाइकल के ठोकर से हरिण के मृत्यु भईल बा ।

बाग्मती नगरपालिका ३ स्थित नयाँरोड–बरहथवा सडक खण्ड मे उत्तर से दक्षिण ओरी जा रहल प्रदेश १–०२–०४२ प.४००९ नम्बर के मोटरसाइकल ठोकर देहला पर हरिण के घटनास्थल मे मृत्यु भईल बा ।

हरिण के सोमार के रात ठोकर देहला के बाद मोटरसाइकल पलटला पर ओकर चालक सप्तरी के कन्चनरुप नगरपालिका–११ रहेवाला २२ बरीस के सुनिल थापा सामान्य आ पछाडि सवार सर्लाही के हरिपुर नगरपालिका–१ रहेवाला २५ बरीस के शिव कुमार महतो के मुडि मे चोट लागल बा ।

दुनु जने के हनुमन्ते अस्पताल बरहथवा मे ईलाज हो रहल सर्लाही के प्रहरी प्रजक्ता मदन कुँवर जानकारी देहनी ।

इलाका वन कार्यालय मुर्तीया के टोली मोटरसाइकल आ मृतक हरिण जिम्मा लगाके पठावल कुँवर बतवनी ।

एकरा से पहिले बितल शनिचर के दिने पश्चिम से पूर्व ओरी जा रहल बा.१६ च ८११ नम्बर के कार के ठोकर से बारा के पथलैया–अमलेखगंज सडक के आधाभार जंगल मे वयस्क पाटेबाघ के मृत्यु भईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।