सखुवा प्रसौनी गाँवपालिका मे बेटी शिक्षा बिमा के पईसा ६ लाख पुगल

वीरगंज १८ माघ,
प्रदेश नं. २ के मुख्यमन्त्री द्वारा संचालन कईल बेटी पढाव, बेटी बचाव अभियान अन्तर्गत के बेटी शिक्षा विमा के रकम ३ लाख पुगवले बा ।

२०७५ माघ १ के बाद जनमल बेटीलोग के १ लाख के शिक्षा विमा करेके घोषणा कईल प्रदेश सरकार उ पइसा के तीन लाख पुगावल मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत गदी जानकारी देहले बानी ।
बेटी पढाव बेटी बचाव अभियान अन्तर्गत बेटी शिक्षा बिमा खोलेवाला पर्सा के सखुवाप्रसौनी गाँवपालिका के श्रीपुर पँचगावा माध्यमिक बिद्यालय मे आयोजना कईल कार्जक्रम के सम्बोधन करत मुख्यमन्त्री राउत मधेश मे जनमेवाली बेटीलोग के बोझ के रुप मे ना लेवे खातिर निहोरा करतअब मधेश मे जनमला के बाद तीन लखिया बेटी जनमेके बतवनी ।
प्रदेश सरकार बेटीलोग के खातिर तीन लाख के बेटी शिक्षा बिमा लागु करके हरेक नगरपालिका ,गाँवपालिकासब मे अभियान संचालन करके बेटी शिक्षा बिमा खोलल गईल बतवनी ।
मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत २०७५ माघ १ गते के बाद प्रदेश मे जनमल बेटीलोग के अब ३ लाख मिलेके घोषणा कईले बानी । मधेश मे जनमेवाली बेटीलोग अब लखपति ना तीन तीन लखिया भईल बाडी कहके बतवनी ।

स्थानीय सरकारलोग के भी ई अभियान मे सहजोग करे खातिर निहोरा करत मुख्यमन्त्री राउत हमनी अभी के तीन लाख पुगवले बानी, स्थानीय सरकार से सहजोग कईला पर ई रकम के २० बरीस मे २० लाख पुगावे के लक्ष्य लेहल गईल बा ।

बेटी शिक्षा विमा मे सखुवा प्रसौनी गाँवपालिका तीन लाख के बेटी शिक्षा बिमा करेके घोषणा कईला के बाद मुख्यमन्त्री गदी अध्यक्ष प्रदिप जयसवाल के बधाई भी देहले रहनी । करिब १५ हजार विमा प्रदेश सरकार कर चुकल बा । विमा करावल बेटीलोग के भी ई सुविधा मिली ।

जनानीलोग के खातिर प्रदेश सरकार ५० प्रतिशत आरक्षण लेके आईल बा आ अब प्रदेश के आठ जिल्ला मेसे पाच जिल्लासब मे जनानी एसपी होखिहें बतावत मुख्यमन्त्री राउत प्रदेश मातहत पुलीस के लियावे के काम हो रहल बा कहके बतवनी ।

कार्जक्रम मे सखुवा प्रसौनी गाँवपालिका अध्यक्ष प्रदिप जयसवाल बेटी शिक्षा बिमा कार्जक्रम गाँवपालिका के ओरी से तीन लाख के बिमा खोलेके प्रतिबद्धता जनवले रहनी । अध्यक्ष जयसवाल सखुवा प्रसौनी गाँवपालिका मे जनमल बेटीलोग तीन लखिया ना छ लखिया भईल बतवनी ।

कार्जक्रम मे श्रीपुर पचगावा माध्यमिक बिद्यालय मे पढ रहल ११ किलास के लइकीलोग के मुख्यमन्त्री गदी साईकिल भी बँटले रहनी ।

कार्जक्रम मे प्रदेश सांसद पहलाद गिरी, सिंगासन सा कलवार, मंजुर आलम, सखुवाप्रसौनी गाँवपालिका उपाध्यक्ष फुलमती चौधरी, समाजबादी पार्टी पर्सा के अध्यक्ष रामनरेश प्रसाद यादव, जिल्ला सचिव तबरेज आलम, प्रअ शिवनाथ चौधरी, वार्ड अध्यक्ष सलिम मियाँ, योजना प्रमुख बिनोद यादव लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी । कार्जक्रम के संचालन स्वास्थ्य संयोजक राजेश रौनियार कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।