नेकपा बारा के मटिअर्वा मे भेला

प्रभु यादव
बारा २१ पुस
नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी (नेकपा) बारा प्रचण्ड–नेपाल समर्थक के कलैया उपमहानगर पालिका वार्ड नम्वर १० मट्टिआर्वा मे भेला सम्पन्न भईल बा ।
पुर्व तोकल कार्जक्रम पुस २६ गते कलैया पालिका स्तरीय भेला होखेके तईयारी करे खातिर भेला मट्टिआर्वा मे कलैया १० आ २० नम्वर वार्ड के अगुवा कार्यकर्ता लोग के भेला भईल रहे ।
कर्जक्रम के अध्यक्षता असाब मिया ठकुराइ कईले रहनी जवना मे केपी के बुद्धि आ कर्म हिन भईला से दृष्ठि बिहिन रहके दु तिहाइ देखे ना सकल कार्जक्रम के प्रमुख अतिथी पार्टी जिल्ला सह–इन्चार्ज तथा नेकपा केन्द्रिय सदस्य डा.गोपाल ठाकुर आरोप लगावले बानी ।
कार्जक्रम मे आईल लोग के शुभकामना मन्तव्य इमरान आलम रहल आ स्वागत मन्तव्य शम्भु गिरि कईले रहनी ।
श्रीप्रसाद पासवान अभि जवन मन्त्री मंडल गठन भईल बा उ मन्त्री मंडल म्यादी मन्त्री मंडल हवे जवन लोग पुर्ब माओवादी समर्थन मे रहल मन्त्री उलोग बिगत मे मोहन बैध, बिपलव, बाबुराम भट्टराई के फोडे के काम कईल बतवनी ।
आज भि आपने सत्ता मे बईठल जवन जनयुद्ध के कवनो अचुत्य ना रहल उ मन्त्री लोग आपन स्वार्थ मे लिप्त भईल कलैया उपमहानगरपालिका के नेकपा सचीव मुकेश साह कहनी ।
कार्जक्रम मे महम्मद समिमुल्लाह नेकपा प्रदेश कमिटी सुरेश यादव, प्रभु यादव, शिवचन्द्र कुश्वाहा नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी नीति निर्माणकार्य मे चलरहल बा जवना बखत अधिवेरी चलेला जवना बेरा सब पहिले बेकामिल पाता उडेला ओईसही पार्टी ओलि बनावले बाडे आपन आपन बात रखलन ।
कार्जक्रम मे पुर्ब युवा तथा खेलकुद मन्त्री तथा नेपाल खेलकुद महासंघ अध्यक्ष पुर्षोतम पौडेल, नेकपा बारा जिल्ला अध्यक्ष क्षेत्र बहादुर श्रेष्ठ(अनिल) नगर कमिटी संयोजक जवाहिर अंसारी, उमेश यादव, बिक्रम ठाकुर, धुर्ब यादव, सरस्वती यादव, नेकपा मुस्लिम प्रदेसिक तथा ममिला बिभाग प्रमुख राज खान मुस्लिम केन्द्रिय सदस्य अबुलेश अंसारी,राष्ट्रिय युवा संघ नेपाल युवा केन्द्रिय सदस्य देवशरण साह, बिद्यार्थी नेता संदिप यादव सुरेश मोदक, दुखी राम, दसैं ठाकुर लोहार, नन्दलाल ठाकुर, प्रमान्न्द कुश्वाहा के सहभागिता रहल सभा से बस्तपुर आ मटिअर्वा मे २५१ वार्ड स्तरिय आन्दोलन परिचालन कमिटि बनावल गईल रमेश साह जनकारी करावले बानी ।
कार्जक्रम के संचालन आबिद हुसैन अंसारी कईले रहनी





