नेकपा के अगुवा भेला सम्पन्न

प्रभु यादव
बारा २४ पुस
नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी (नेकपा) बारा प्रचण्ड–नेपाल समर्थक कलैया वार्ड नं. ६ के अगुवा भेला खसी बजार मे पुरा भईल बा ।
मनमौजी तरिका से चलावल आ दुई बरीस ना वितते ना कुछ कर के गाँव गाँव मे फोहरी खेल खेलत घुम रहल लोग से सतर्क रहे के प्रमुख अतिथी नेकपा केन्द्रिय सदस्य दिनेश राई कहनी ।
मुस्लिम संगठन नेपाल के केन्द्रिय सदस्य अबुलेस अंसारी के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे बारा जिल्ला कमिटी सदस्य महम्मद सम्मिउलाह, जवाहिर अंसारी, मुकेश साह, हसनजान अंसारी, उमेश यादव, बिक्रम ठाकुर, युवा नेता नन्दलाल ठाकुर, दलिल नेता श्रीप्रसाद पासवान, वार्ड अगुवा कार्यकर्ता कुर्बान हवारी, रामसेवक साह, प्रहलाद रेग्मी, सुमन साह लगायत के लोग सहभागी रहल रहनी ।
वार्ड नं. ६ मे एक सय एक जने के आन्दोलन परिचालन कमिटी बनावल गईल रमेश साह जनकारी करावले बानी ।






