महोत्तरी मे १० जने के मृत्यु दारु पियला के चलते भईल पुष्टि

जनकपुरधाम २२ वैशाख
महोत्तरी मे अज्ञात बेमारी से मृत्यु भईल कहत १२ जने मेसे १० जने के दारु पियला के चलते मृत्यु भईल खुलल बा ।
महोत्तरी के भंगहा नगरपालिका ६ आ ७ तथा बर्दिवास नगरपालिका १२ के करके १२ जने के अज्ञात बेमारी से मृत्यु भईल कहला मे १० जने के दारु पियला के चलते मृत्यु भईल जिल्ला स्वास्थ्य कार्यालय महोत्तरी के प्रमुख नागेन्द्र चौधरी जानकारी देहनी ।
उनका मुताविक १० जने के दारु पियला के चलते, १ जने के औंलो बेमारी के चलते आ १ आदमी के अचानक मृत्यु भईल बा ।
स्वास्थ्य सेवा विभाग से आईल मेडिकल टिम के डा. अमृत पोखरेल, जिल्ला तथा प्रदेश टिम के चिकित्सक तथा स्वास्थ्यकर्मी एवं धरानस्थित वीपी कोइराला स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान से भी आईल चिकित्सक के टोली मृतक हरेक परिवार से पुछपाछ करत अनुसन्धान कईल चौधरी के कहनाम बा ।
सरकार के प्रबक्ता भी रहल आन्तरिक मामिला तथा कानून मन्त्री ज्ञानेन्द्र यादव आ सामाजिक विकास मन्त्री नवलकिशोर साह सोमार के दिने अनुगमन करे पुगल रहनी ।
उ समय मे अनुसन्धान करे आईल चिकित्सक मृत्यु के कारण दारु हि भईल बतवले रहलन ।
प्रदेश सरकार हरेक परिवार के एक लाख दि
मृत्यु भईल भंगहा के अनुगमन करत मन्त्रीलोग मृतक परिवार के किरिया खर्च के खातिर रु एक लाख उपलब्ध करावे के प्रतिबद्वता जनवले बाडन ।
आन्तिरक मामिला तथा कानुन मन्त्री ज्ञानेन्द्र कुमार यादव मृतक १२ जने के परिवार के एक लाख के दर से उपलब्ध करावे के बतवनी ।
“ई महामारी के समय मे काज किरिया करे आ लइकालइकी के भरणपोषण तथा शिक्षादिक्षा के खातिर तत्काल प्रदेश सरकार ई रोपेया उपलब्ध कराई,” कहनी ।
उ अवसर मे सामाजिक विकास मन्त्री साह मेघनाथ गोरहन्ना स्वास्थ्य चौकी के स्वास्थ्य सामानसब भी हस्तान्तरण कईले रहलन ।
उ अवसर मे भंगहा नगरपालिका के मेयर संजिव साह कडा कानुन बनाके दारु उत्पादन तथा बिक्री वितरण बन्द ना होखे तक घटना होत रहेके बतवनी ।
मन्त्री नेतृत्व के टोली मे प्रदेश सांसद जयनुल राइन, सुरिता साह, शारदा थापा सहित के सहभागिता रहे ।






