लंगडी स्वास्थ्य चौकी मे निः शुल्क आँखा परिक्षण शिविर पुरा

पोखरिया २५ पुस
लायन्स कल्ब अफ बीरगंज, मेलेनियम एफ जे एम, केडिया आँखा अस्पताल आ धोबिनी गाँवपालिका के सहजोग मे आ सामुदायिक तालिम केन्द्र के आयोजना मे आजु एक दिने निःशुल्क आँखा शिविर पुरा भईल बा ।
पर्सा के धोबीनी गाँवपालिका वार्ड नं ४ लंगडी स्वास्थ्य चौकी मे आयोजना भईल निःशुल्क आँखा परिक्षण शिविर मे ३ सय ६ जने आँखा चेकजाँच करवले बाडन ।
जउना मेसे १ सय ६१ जने मे मोतियाबिंदु मिलल आयोजक संस्था जनवले बा । शिबिर मे निःशुल्क दवाई भी बाँटल गईल आ मोतियाबिंदु मिलल लोग के निःशुल्क अप्रेशन भी करेके जनावल गईल बा ।
वार्ड नं ४ के बार्ड अध्यक्ष मजिद मियाँ के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे केडिया आखा अस्पताल के चिकित्सक शिवशंकर प्रसाद, राजदेव साह, लालबाबु पटेल लगायत के टोली आँख चेकजाँच कईले रहलन ।
निःशुल्क आँखा शिबिर मे लायन्स कल्ब अफ बिरगंज के अध्यक्ष सजन अग्रवाल, लायन्स देवकी नन्दन अग्रवाल, पशुपति विक्रम शाह, उषा शाह, डाक्टर नुरुल होदा, सुवास अग्रवाल, रामविहारी पान्डे, विनय वंशन, उमेश साह कानु, पत्रकार लालबाबु बानिया, रितु कुमारी कर्ण, सहजोगी लालबाबु मंडल, राजेश अधिकारी, चनरमन राउत, वार्ड सदस्य मदन सहनी, अरुन कुमार बानिया लगायत के सहभागिता रहल रहे ।
कार्जक्रम के सहजिकरण संस्था के अध्यक्ष अमोद केवट कईले रहनी ।






