सप्तरी मे मृत्यु भईल बुढ के परिवार के सभी जने कोरोना संक्रमित
सप्तरी ४ सावन
सप्तरी मे मृत्यु भईल कोरोना संक्रमित बुढ के परिवार के सभी जने सदस्य मे कारोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
राजविराज के ७२ बरीस के बुढ के बितल बियफे के रात कोरोना संक्रमण पुष्टि भईला के दु घण्टा मे बीपी कोइराला स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान के आइसोलेसन मे मृत्यु भईल रहे ।
मृत्यु भईल बुढ के जनानी, बेटा, पतोह आ नाति, नातिन मे भी कोरोना पुष्टि भईल राजविराज नगरपालिका–६ के अध्यक्ष प्रेम यादव जानकारी देहनी । संक्रमण देखल गईल सभी के आइसोलेसन मे लियावे के तइयारी हो रहल उनकर कहनाम बा ।
मृतक बुढ के परिवार दु हप्ता पहिले भारत से आईल रहलन । मृतक आपन मेहरारु के ईलाज करावे खातिर बितल फागुन मे परिवार सहित भारत गईल रहलन ।
घर फिर्ता अईला के बाद बितल मंगर के ७२ बरीस के बुढ के साँस लेवेमे समस्या भईला पर भी ईलाज के खातिर धरान लेगईल गईल रहे ।
माकिर, धरान मे पीसीआर टेस्ट करईला पर उनका मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।
बियफे के रात ८ बजे पोजेटिभ कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल उनकर उहे रात १० बजे मृत्यु भईल रहे ।
उनकर मृत्यु भईला के बाद उनकर परिवार के सभी जने के स्वाब संकलन करके राजविराजस्थित गजेन्द्रनारायण सिंह अस्पताल मे परीक्षण कईल रहे ।
उनकर दोकान के कर्मचारी के भी स्वाब संकलन करके परीक्षण के खातिर पठावल वार्ड अध्यक्ष यादव बतवनी । माकिर उलोग के रिपोर्ट आवे नइखे सकल ।