बहुदरमाई नगरपालिका मे नेकपा के नगर भेला पुरा

वीरगंज २५ पुस
पर्सा के बहुदरमाई नगरपालिका मे आजु नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी (नेकपा) ओली समुह के नगर भेला पुरा भईल बा ।
नेकपा नेता प्रमोद कुशवाहा के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि नेकपा पर्सा अध्यक्ष प्रभु हजरा रहल रहनी ।
कार्जक्रम के सम्बोधन करत हजरा प्रधानमन्त्री ओली के लोकप्रियता देख के पार्टी भितर से सहजोग करेके काम भईल बतवनी ।
उ चौतर्फी घेराबन्दी करके देश मे अस्थितरता लियावेवाला तत्व के चलते सदन बिघटन करेके पडल बतवनी । उ ओली नेतृत्व के सरकार से कईल बढिया काम के प्रचार प्रसार करके निर्वाचन मे आवे खातिर नेता कार्यकर्तालोग के निर्देशन देहनी ।
एहितरे संबिधान सभा सदस्य एवं केन्द्रिय सदस्य राजकुमार गुप्ता नेपाल के ईतिहास मे प्रधानमन्त्री ओली जेतना सफल प्रधानमन्त्री आउर केहु ना भईल दाबी कइनी ।
नेता गुप्ता ओली नेतृत्व के सरकार देश मे स्वास्थ्य, शिक्षा, बिकाश निर्माण तथा कृषि क्षेत्र मे क्रान्ति लियावल दाबी कइनी ।
लिपुलेक, लुम्पियाधुरा आ कालापानी सहित के नक्सा पास, पुनःनिर्माण, धरहारा निर्माण, पेट्रोलिय पाईपलाईन बिस्तार, फास्ट ट्रयाक, जलबिद्युत परियोजना निर्माण लगायत राष्ट्रिय गौरव के आयोजना के निर्माण से भी ओली सरकार के सफलपता पुष्टि भईल बतवनी ।
कार्जक्रम मे संबिधान सभा सदस्य एवं केन्द्रिय सदस्य प्रधुम्न चौहान, फुलझरि देवी, प्रद्ेश कमिटी सदस्य तेजप्रकाश निषाद, नेकपा युवा नेता यशवन्त यादव, हनिफ अंसारी, सुरज कलवार, बिन्ध्याँचल ठाकुर, खुरम आलम लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।
कार्जक्रम मे केन्द्रिय सदस्य बिना शर्मा, जिल्ला कमिटी सदस्य संजिव मिश्रा, अमिताभ बच्चन दास, गणपत कुशवाहा, केदार तिवारी, श्याम गुप्ता, सुनिल कुमार चौरसिया, पुरन प्रसाद कुर्मी, पुर्व गाबिस अध्यक्ष मंगल साह कानु, बाबुलाल यादव, समाजसेवी महानन्द यादव, शिव बालक यादव, राजेन्द्र साह कानु लगायत के सहभागिता रहल रहे ।
कार्जक्रम मे स्वागत मन्तव्य उमेश साह कानु कईले रहनी आ सहजीकरण रामबाबु साह कईले रहनी । कार्जक्रम मे भोजपुरी गायक सुनिल पंडित साँस्कृतिक कार्जक्रम प्रस्तुत कईले रहनी ।






