गाँजा तस्कर आ पुलीस बीच गोली चलल, एक जने पकडईलें

प्रभु यादव

बारा २६ पुस

बारा मे गाँजा तस्करी करेवाला समूह आ पुलीस बीच एक आपस मे गोली चलल बा । गोली चलला के बाद पुलीस एक जने पकडले बा ।

पुलीस मकवानपुर हेटौँडा उपमहानगरपालिका वार्ड नम्बर ६ के बरीस ४७ के इमान सिंह तामाङ के गाँजा सहित पकडल प्रहरी प्रवक्ता गौतम मिश्र जानकारी करावले बानी । इलाका प्रहरी कार्यालय निजगढ से प्र.नि. विकास थपलिया के कमाण्ड मे आ अस्थायी प्रहरी पोष्ट रतनपुर से खटल प्रहरी के संयुक्त गस्ती टोली निजगढ नगरपालिका वार्ड नम्बर १३ के भक्तलाल नदि मे से गाँजा लियावे लेजाएके आ खरिद बिक्री कर रहल पुलीस से देखला पर पुलीस आ तस्करबीच गोली चलावे के काम भईल प्रहरी प्रवक्ता मिश्र जनकारी करावले बानी ।

करिब ८ से १० जने के समूह रहल गाँजा तस्कर सब प्रहरी टोली के देखला पर प्रहरी उपर गोली चलाइला वाद प्रहरी प्रतिकार स्वरुप पाँच राउण्ड फायर कइल प्रहरी नायब उपरीक्षक मिश्र बतावले बानी ।

गोली दुनु पक्ष से चलावला के वाद तस्कर समूह के तामाङ सहित घटनास्थल से ५ गो बोरा मे लुकाछिपा के राखल एक सय दु किलो गाँजा आ लोड एगो भरूवा बन्दुक सहित पकडले बा ।

पकडाइ तामाङ के हाथहथियार खरखजाना आ लागूऔषध नियन्त्रण ऐन, २०३३ बमोजिम मुद्दा दर्ता कर के अनुसन्धान कईल जारहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा जनाकारी करावले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।