बारा मे ७ गो क्रसर उद्योग बन्द करे खातिर निर्देशन

बारा ०३ पुस
बारा मे जिल्ला समन्वय समिति नियम विपरीत सञ्चालन भईल ७ गो क्रसर उद्योग बन्द करे खातिर निर्देशन देहले बा ।
समिति पथल गिट्टी बालु उत्खनन बिक्री तथा व्यवस्थापन सम्बन्धी मापदण्ड २०७७ मुताविक तत्काल क्रसर उद्योग बन्द करे खातिर निजगढ नगरपालिका के निर्देशन देहले बा ।
नेपाल क्रसर उद्योग, हिमाल क्रसर उद्योग, लाल बकैया क्रसर उद्योग, चौलागाई क्रसर उद्योग, वैष्णवी क्रसर उद्योग, श्री बकैया क्रसर उद्योग आ दंगाल क्रसर उद्योग बन्द करे खातिर निर्देशन देहल बारा के प्रहरी प्रमुख प्रहरी उपरीक्षक कृष्ण पंगेनी जानकारी देहनी ।
सभापति नवल किशोर साह सहित के टोली दु दिन पहिले क्रसर उद्योगसब के अनुगमन कईले रहे ।
जिल्ला मे समन्वय समिति के सभापति के संयोजकत्व मे नदीजन्य तथा खानीजन्य पदार्थ के उत्खनन, संकलन आ बिक्री सम्बन्धी प्रक्रिया के अनुगमन करेके समिति होखी ।
उ समिति कउनो भी समय अनुगमन करके उत्खनन आ संकलनकर्ता के जरुरी निर्देशन देवे सकेके व्यवस्था मापदण्ड मे बा ।
क्रसर उद्योगसब के स्थलगत अनुगमन निरीक्षण भईला पर बकैया खोला से अवैध रुप मे नदीजन्य पदार्थ संकलन करके भण्डारण कईल मिलल अनुगमन समिति जनवले बा ।
जिल्ला समन्वय समिति बारा के सभापति साह वितल समय मे जईसे सञ्चालन मे रहला पर भी अब प्रक्रिया पूरा करके मात्र सञ्चालन आवे देवेके बतवनी ।






