लाइसेन्स विना सवारी चलईला पर दुर्घटना के जोखिम बढल

मेवालाल यादव

रौतहट २६ पुस

रौतहट मे सवारी चालक अनुमति पत्र लाइसेसन्स विना हि अधिकांश अटो रिक्सा तथा टेम्पु निर्वाध रुप मे सञ्चालन हो रहल मिलल बा ।

जिल्ला के शहर बजार से गाँवघर तक पुगे खातिर सबसे सहज आ भरपर्दो सवारी के रुप मे अटो के हि लेहल जाला ।

जिल्ला के शहर बजार से ग्रामिण भेग तक अटो रिक्सा तथा टेम्पु के चलते आवत जावत करे खातिर सभी के सहज भईल बा माकिर अटो चलावेवाला अधिकांश चालक सँगे सवारी चालक अनुमति पत्र लाइसेन्स हि नइखे ।

जिल्ला मे अटो रिक्सा तथा टेम्पु चलावेवाला लगभग ७५ प्रतिशत चालक सँगे सवारी लाइसेन्स ना भईला से दुर्घटना के जोखिम भी ओतने रहल देखल गईल बा ।

जिल्ला के प्रमुख शहर गौर, गरुडा, कटहरिया, समनपुर, चन्द्रनिगाहपुर लगायत क्षेत्र मे चलेवाला अधिकांश चालक सँगे चालक अनुमति पत्र लाइसेन्स ना भईल जिल्ला ट्राफिक प्रहरी कार्यालय चन्द्रनिगाहपुरजनवले बा ।

अधिकांश चालक अनुमतिपत्र विना हि अटो रिक्सा तथा टेम्पु चला रहल कहत जिल्ला ट्राफिक प्रहरी कार्यालय रौतहट नियमन मे कडाइ कईले बा ।

विना चालक अनुमतिपत्र के अटो रिक्सा तथा टेम्पु चलईला पर सवारी दुर्घटना बढल कहत लाइसेन्स विना अटो रिक्सा तथा टेम्पु चलावे मे रोक लगावे के स्थानीयलोग बतवले बाडन ।

पुलीस एकरा उपर खासे ध्यान ना देहल स्थानीयलोग के कहनाम बा । आउर सवारीसाधन से अटो के भाडा सस्ता होखेला ओहिसे कहुँ जाएके पडला पर यात्रु के अटो हि पहिलका रोजाई मे पडेला ओहि चलते जिल्ला के शहर बजार से गाँव तक अटो रिक्सा तथा टेम्पु के चाप बढल बा ।

दिन पर दिन अटो रिक्सा तथा टेम्पु के चाप बढत गईल आ ट्राफिक नियम के उल्लंघन भी बहुते मात्रा मे भईला पर दुर्घटना बढला के बाद सिमित गति मे चलावे के, तोकल जगहा मे मात्र पार्किंग करेके, रुट परमिट लेवेके आ भाडा दर टाँस करे खातिर भी अनिवार्य ना भईला के चलते अटो रिक्सा तथा टेम्पु चालकलोग के मनोमानी बढल मिलल बा ।

अटो रिक्सा तथा टेम्पु के व्यवस्थित करे सकला पर शहर बजार मे सवारी दुर्घटना मे भी कमी आई । माकिर गौर से पिपरा बजार अगायत बेलबिछबा से गौर तक भारतीय नम्बर के टेम्पु बिना भंसार के धमाल मचईला से भी गौर ट्राफिक कारवाही भी ना कईल स्थानीयलोग सिकाईत कईले बाडन ।

नेपाली नम्बर के टेम्पु भी टेम्पु मटीफाईड करके संचालन कर रहला से रिनुवल फेल, बिना इन्स्योरेन्स तथा ३ प्लस सिट मे १० सिट बनाके क्षमता से बेसी यात्रु भी राख के ट्राफिक अगाडि से आवतजावत कईला पर ट्राफिक मुहदर्शक बनल बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।