मेयर सन्तोष मेहता आधारभुत बिद्यालय भवन के शिलान्यास कइनी

मेवालाल यादव
रौतहट २१ माघ
रौतहट जिल्ला के ईशनाथ नगरपालिका के मेयर सन्तोष मेहता श्री आधारभुत बिद्यालय भवन आजु शिलान्यास कईले बानी ।
ईशनाथ नगरपालिका वार्ड नं ५ लछमिनिया जटहरा मे श्री आधारभुत बिद्यालय भवन हाता भितर एक समारोह के बीच आजु मेयर सन्तोष मेहता विधिवत् रुप से ब्रह्ममणद्धारा मन्त्रोचारण के बाद भवन के शिलान्यास कईले बानी ।
ईशनाथ नगरपालिका के आर्थिक सहजोग मे उ श्री आधारभुत बिद्यालय भवन बने लागल बा । रौतहट के ईशनाथ नगरपालिका स्थित लछमिनिया जटहरा टोल मे नगर प्रमुख के चुनावी प्रतिबद्धता मुताविक लईकालइकी के बढिया शिक्षा ना मिलला के चलते नमुना के रुप मे ई विधालय के शिलान्यास कईल मेयर मेहता बतवनी ।
ईशनाथ नगरपालिका के वार्ड नं ५ भितर १ करोड लगत मे ८ कोठरी के नयाँ भवन निर्माण होखे लागल बा ।
ईशनाथ नगरपालिका वार्ड नं ५ के वार्ड अध्यक्ष शेख नेसार के अध्याक्षता मे भईल काजजर््क्रम मे विशिष्ट अतिथि उप प्रमुख हुसने आरा खातुन, अनेकन राजनीतिक दल के नेतालोग, बुद्धिजिवि लगायत के सहभागीता रहल रहे ।






