नेकपा ओली समूह के २७ गते बारा मे कार्यकर्ता भेला

प्रभु यादव

बारा २६ पुस

नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी (नेकपा) ओली समूह के कार्यकर्ता भेला २७ गते कलैया मे करे के तईयारी पूरा भईल जानकारी करावले बाडन ।

बारा उद्योग बाणिज्य संघ के सभा हल मे पत्रकार समेलन कर के कर्यकर्ता भेला के जानकारी करावले बानी । केन्द्रीय सदस्य अचुत मैनाली पत्रकार समेलन मे प्रधानमन्त्री से विघटन कईल कदम के गलत किसिम से प्रचार कईल जारहल जवना के सम्बन्ध मे जनकारी करावेला भेला के आयोजना कईल गईल जानकारी करावले रहलन ।

पत्रकार सब से पुछल गईल जवाफ के उतर देहत संविधान सभा के सभामुख सुबास नेवाङ्ग के बोलल रेकर्ड जनता समक्ष आईल बा जवना के जनता जाने कवन प्रविधि से आईल ओ सम्बन्ध मे आपना सब के जानकारी ना रहल केन्द्रीय सदस्य मैनाली जनकारी करावले रहनी ।

पार्टी के शिर्ष नेता लोग के कारण प्रधानमन्त्री ओली संसद विघटन कर के जनता के जनआदेश लेके प्रधानमन्त्री बने खातिर निर्वाचन के मिति तय कईल मैनाली जनकारी करावले रहनी ।

अभि रहल संकट अवस्था मे पार्टी के नेता आ पदेन कार्यकर्ता सब के गढीमाई के मेला मे भुलाईल जईसन खोजे के परहल जनकारी पत्रकार समेलन मे करावले रहनी ।

संसद विघटन भईला वाद छव महिना भितर चुनाव होखे के प्रवधान संविधान मे भईला से बईसाख मे तोक समय मे निर्वाचन होई मेनाली जनकारी करावले रहनी । ओली सरकार जनता के खातिर देश मे विकास कर के समृद्धि ओर लियावल जवना के कारण फेर जनता से मत मिले के पूरा विश्वास रहल मैनाली जनकारी देहनी ।

व्रिटेन मे संविधान ना भईल तभो प्रधानमन्त्री संसद विघटन कर के जनआदेश खातिर चुनाव करावेला त नेपाल मे पहिलका वेर होरहल मैनाली जनकारी करावले रहनी ।

बारा मे एमाले भईल समय मे ओली पक्ष पार्टी के अधिवेशन मे हार बेहोरले रहे ओ करण से जिल्ला कार्य समिति आपना पक्ष मे ना रहल मैनाली जनकारी करावत अभि भि जवन बानी ओली पक्ष मे उ लोग कालहो रहल ।

पत्रकार समेलन पार्टी के केन्द्रीय सदस्य तथा जिल्ला सह इन्चार्ज प्रदेश नम्वर दु के प्रदेश सभा सदस्य ज्वला साह के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे केन्द्रीय सदस्य मह्मद समीर, अध्यानन्द पाण्डे, विनोद साह, क्मायणी मदनी, रविन्द्र दास, पार्टी के बारा प्रचार विभाग प्रमुख राजमह्मद के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।