अन्तर्राष्ट्रिय ब्रान्ड के नाम मे कपडा उत्पादन करेवाला उद्योग कारबाही मे

वीरगंज २६ पुस

वीरगंज मे एक कपडा उद्योग के तीन लाख जरिबाना कईल बा । वीरगंज महानगरपालिका–६ मे सञ्चालित एसआर रेडिमेड उद्योग के तीन लाख जरिबाना कईल बा ।

उद्योग के जरिबाना रोपेया सात दिन भितर राष्ट्रिय वाणिज्य बैंक मे जम्मा करेके कहल बा ।

पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी आस्मान तामाङ नेतृत्व के टोली अनुगमन कईला पर अनेकन प्रतिष्ठित ब्रान्ड के नाम मे कपडा उत्पादन कईल मिलला के बाद तीन लाख जरिबाना कईल रहे ।

कम्पनी एडिडास लिखल ट्राउजर आ द नर्थ फेस लिखल सुट उत्पादन करेके मिलल बा । दुनु अन्तर्राष्ट्रिय स्तर मे नाम चलल कम्पनी ह ।

उपभोक्ता संरक्षण ऐन २०७५ के दफा ३८ (ङ) बमोजिम वस्तु भा सेवा के वास्तविक गुणस्तर, बनावट आदि लुकाके, भुलिया के बिक्री कर रहल मिलला से उहे ऐन के दफा ३९ के (ख) बमोजिम तत्काल तीन लाख जरिवाना कईल वाणिज्य, आपूर्ति तथा उपभोक्ता संरक्षण कार्यालय पर्सा के सूचना अधिकारी दीलिप खंग खत्वे जानकारी देहनी ।

प्रजिअ तामाङ सहित के टोली मे सशस्त्र प्रहरी उपरीक्षक राजेन्द्र खड्का, राष्ट्रिय अनुसन्धान कार्यालय पर्सा के उपअनुसन्धान निर्देशक टीकाप्रसाद पोखरेल वाणिज्य, आपूर्ति तथा उपभोक्ता संरक्षण कार्यालय पर्सा के निरीक्षण अधिकृत जितबहादुर भण्डारी लगायत सहभागी रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।