वीरगंज मे भी पृथ्वी जयन्ती मनावल गईल

Lवीरगंज २७ पुस
वीरगंज मे २९९ वाँ पृथ्वी जयन्ती तथा राष्ट्रिय एकता दिवस मनावल गईल बा । राष्ट्रिय सरोकार मञ्च नारायणी, नगरिक समाज पर्सा लगायत पृथ्वी जयन्ती मनवले बाडन ।
राष्ट्रिय सरोकार मञ्च रथ मे पृथ्वी नारायण शाह के फोटो राख के जुलुस निकालत नगर परिक्रमा हि करवले रहलन । घण्टाघर से निकालल जुलुस माईस्थान, आदर्शनगर, अलखिया मठ, आदशनगर घडिअर्वा पोखरी होत फेनु घण्टाघर मे आके सभा मे परिणत भईल रहे ।
जुलुस मे सहभागीलोग राजतन्त्र मारेके ना मिली, राष्ट्रिय एकता जिन्दावाद, राजा आऊ, देश बचाऊ लगायत के नारा लगवले रहलन ।
सभा मे बोलेवाला वक्तालोग गणतन्त्र आ संघियता खारेज करके २०४६ साल के संविधान लागू करेके, राजतन्त्र सहित के हिन्दु राष्ट्र कायम करेके, नेपाल एकीकरण करेवाला पृथ्वी नारायण शाह के सम्मान करेके बिचार रखले रहलन ।
पृथ्वी नारायण शाह देश के खातिर देहल योगदान अविस्मरणीय रहल कहत उलोग पुस २७ गते सरकार सार्वजनिक बिदा देवेके माग कइनी ।
नागरिक समाज पर्सा के अध्यक्ष डाक्टर दिपक शाक्य नेपाल के असान्त करे खातिर बाहर से जात, धर्म, दल के नाम मे लडावे के काम हो रहल बतवनी । नेपाल बरियार रहला पर मात्र नेपाली बरियार रहेके बतावत उ सभी मिल के रहला पर मात्र देश मे सुख शान्ति आ समृद्धि आवेके बतवनी ।
पृथ्वी जयन्ती के अवसर मे मञ्च ४० जने जनानी के साडी आ कुर्ता सलवार वितरण कईल प्रणय कुमार साह जानकारी देहनी ।
सरोकार मञ्च के नारायणी अध्यक्ष नन्द किशोर गोयल के अध्यक्षता मे आयोजित कार्जक्रम मे पृथ्वी नारायण शाह के फोटो मे माल्यार्पण कईल रहे । घण्टाघर मे नागरिक समाज पर्सा भी पृथ्वी जयन्ती मनवले बा ।






