पर्सा मे थारू सम्बत् २६४५ तथा खिचडी पर्ब के सभी तइयारी पुरा

मेघराज राय
पर्सा २८ पुस
माघी पर्व २०७७ के अवसर मे ई बरीस भी माघ १ गते थारू खिचडी माघी मुल समारोह होखेवाला भईल बा ।
वितल बरीस जईसन ई बरीस भी बीरगंज आदर्शनगर स्थितन स्विमिङ्ग पुल मे एगो समारोह के आयोजना होखेके आयोजक थारू खिचडी माघी मुल समारोह समिति २०७७ आजु पत्रकार सम्मेलन करके जनवले बा ।
नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा शाखा के सभाहल मे भईल पत्रकार सम्मेलन मे संयोजक प्रभु चौधरी आदीबासी थारू समुदाय के माघी खिचडी पर्व तथा थारू समुदाय के नयाँ बरीस के शुभकामना आदान प्रदान, भाषा तथा संस्कृति के झलक का साथै माघी महोत्सव सभ्य आ धुमधाम से मनावेके तथा राष्ट्र मे आदिबासी थारू समुदाय के राजनैतिक, समानुपातिक समावेशी प्रतिनिधित्व सहित के होत आईल बतवनी । साथे सँझिया ५ बजे घणटघर मे नयाँ साल के शुभआगमन मे दिप प्रजवलन कार्जक्रम भी कईले बा ।
बितल बरीस जईसन ई बरीस भी समारोह स्थल मे खुनदान, समारोह से पहिले थारू सांस्कृतिक दबावमुलक घणटघर मे जम्मा होके प्रभातफेरी के समेत आयोजना होखेके जनावल गईल बा ।
पत्रकार सम्मेलन मे आदिबासी जनजाति के प्रदेश ईन्चाज निरज पिठाकोटे मगर, मूल समारोह आ आर्थिक समिति के राजु प्र. दास, प्रमानन्द चौधरी, ममता महतो, प्रचार प्रसार प्रकाश थारू, सांस्कृतिक समिति के संयोजक बिजया ओझैया, थारू पत्रकार मंच व्यवस्थापन समिति के शम्भु महतो थारू लगायत के सहभागीता रहल रहे ।





