ईसनाथ नपा के मेयर मेहता सामुदायिक स्वास्थ्य इकाई के उदघाटन कइनी

मेवालाल यादव
रौतहट २८ पुस
रौतहट के इशनाथ नगरपालिका के वार्ड नं.–२ औरैया टोल मे ई. सामुदायिक स्वास्थ्य इकाई आ उहे नगरपालिका के ५, ६ मे एके साथ तीन गो सामुदायिक स्वास्थ्य इकाई उदघाटन कईल बा ।
इशनाथ नगरपालिका के नगर प्रमुख सन्तोष मेहता आ उप–प्रमुख हुसने आरा खातुन संयुक्त रूप मे उदघाटन कईले बानी । इशनाथ नगरपालिका वार्ड नं. २, ५, ६ अन्तर्गत टोल मे सामुदायिक स्वास्थ्य इकाई केन्द्र के उदघाटन कईल बा ।
वार्ड नम्बर ६ के वार्ड अध्यक्ष एवम् इशानाथ नगरपालिका के प्रवक्ता रामेश्वर शाह के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे वार्डवासीलोग के स्वास्थ्य चौकी के कमी मे ईलाज करावे मे समस्या हो रहल अवस्था के मध्यनजर करत मेयर सन्तोष मेहता के पहल मे उ भवन भाडा मे लेके उदघाटन कईल बा ।
नेपाल सरकार के अनुदान से बनल भवन के समुदघाटन आजु पुरा भईल बा । कार्जक्रम मे वार्ड नं. ३ के वार्ड अध्यक्ष राम कौलाश राउत, नेकपा के नगर अध्यक्ष मोहन मेहता, अच्छेलाल राउत, वार्ड अध्यक्ष रामेश्वर शाह लगायत के सहभागीता रहल रहे । कार्जक्रम के संचालन स्वास्थ्य प्रमुख इशराजुल खान कईले रहनी ।






