भारत के महावाणिज्य दूतावास द्वारा वीरगंज मे सप्ताह कार्जक्रम अन्तर्गत साइकल जुलुस

वीरगंज १० पुस

भारतीय महावाणिज्य दूतावास वीरगंजद्वारा साइकल जुलुस पुरा भईल बा ।

आजादी के अमृत महोत्सव विशेष सप्ताह अन्तर्गत, भारतीय महावाणिज्य दूतावास द्वारा २५ डिसेम्बर २०२१ मे वीरगंज मे “साइकल जुलुस” के आयोजना कईल रहे ।

उ जुलुस के सूरूवात भारत के महावाणिज्य दूतावास के कन्सुल जनरल नितेश कुमार द्वारा सबेरे ७ बजे झण्डा देखाके कार्जक्रम के उदघाटन कईले रहलन ।

जुलुस मे भारत के महावाणिज्य वाणिज्य दूतावास के सदस्य, स्थानीय जनप्रतिनिधि, जिल्ला प्रशासन पर्सा के पदाधिकारी, नेपाल प्रहरी, नेपाल एसबिआई बैंक, स्थानीय उद्योग तथा व्यवसायी लगायत पर्सा आ बारा के साइक्लिङ क्लब तथा नागरिक समाज करके करिब ६० जने के सहभागिता रहल रहे ।

भारत के महावाणिज्य वाणिज्य दूतावास से सुरु भईल जुलुस भारत–नेपाल सीमा मे रहल एकीकृत चेकपोष्ट के मुख्य गेट, घण्टाघर आ आदर्शनगर लगायत १६ किलोमिटर के रास्ता होत वाणिज्य दूतावास मे पुग के समापन भईल रहे ।

शारिरीक तन्दुरुस्ती, सहनशीलता निर्माण आ सहभागीलोग बीच सुस्वास्थ्य प्रवद्र्धन मे जोड देहला के साथे भारत आ नेपाल के जनता बिच आत्मीयता अभिवृद्धि करेके आ दु देशबीच के मैत्रीपूर्ण सम्बन्ध के मजबुत बनावे के उद्देश्य से जुलुस के आयोजना कईल भारतीय महावाणिज्य दूतावास वीरगंज जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।