सखुवा प्रसौनी के छौ वाँ गाँव सभा मे अनेकन विधेयक पेश

वीरगंज २८ पुस

पर्सा के सखुवाप्रसौनी गाँवपालिका के छौ वाँ गाँव सभा के उदघाटन शत्र मंगर के दिने पुरा भईल बा । चालु आर्थिक बरीस २०७७÷७८ के दुसरका गाँव सभा तथा गाँवपालिका के छौ वाँ गाँव सभा के उदघाटन सत्र पुरा भईल बा ।

गाँवपालिका के वार्ड नं २ स्थित दिपनारायण आदर्श मावि मे भईल सभा मे अनेकन विधेयकसब पेश भईल बा । सभा मे चालु आर्थिक बरीस के अर्ध वार्षिक तक खर्च होखे ना सकल विकास ओरी विनियोजन कईल ६० लाख रोपेया बराबर के योजनासब पेश भईल प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत संदेश यादव बतवनी ।

वर्तमान परिपवेश मे देखाई देहल विकास निर्माण के कामसब अगाडि बढावे के उदेश्य से संशोधन योजनासब पेश भईल उ जानकारी देहनी ।

सभा मे स्थानिय तह मे वातावरण तथा प्राकृतिक स्रोत संरक्षण करेके विधेयक, अनेकन निति तथा नियमावली सम्बन्धी विधेयक, न्यायिक समिति न्याय सम्पदान कईला पर आवेवाला समस्या आ समाधान के कार्यविधी निर्माण के विधेयक, विपद व्यवस्थापन, शिक्षा, स्वास्थ्य, भौतिक पुर्वाधार लगायत के विकास सम्बन्धी विधेयक भी पेश भईल अधिकृत यादव जानकारी करवनी ।

गाँवपालिका अध्यक्ष प्रदीप कुमार जयसवाल से उदघाटन कईल समारोह मे उपाध्यक्ष फुलमती देवी चौधरी स्वागत मन्तव्य रखले रहनी ।

सभा मे वार्ड अध्यक्ष विश्वनाथ पटवारी, नियाज अहमद, सलिम मियाँ अन्सारी, जुमाद्धिन अंसारी, रुपलाल कुमार यादव, लाल बहादुर यादव लगायत के सभी कार्यपालिका सदस्य तथा वार्ड सदस्यलोग के सहभागिता रहल रहे ।

सभा मे गाँवपालिका मे भईल गतिविधि के बारे मे अधबार्षिक समिक्षा भी भईल कम्पुटर अपरेटर सुनिल कुमार कलवार जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।