सङ्घीयता आ गणतन्त्र रक्षा के खातिर सभी लोकतान्त्रिक शक्ति एकजुट भईल जरुरी : अध्यक्ष यादव

वीरगंज २८ पुस
जनता समाजवादी पार्टी (जसपा) नेपाल के राष्ट्रिय अध्यक्ष उपेन्द्र यादव सङ्घीयता आ गणतन्त्र रक्षा के खातिर सभी लोकतान्त्रिक शक्ति गोलबद्ध होखेके आजु के जरुरत रहल बतवले बानी ।
सङ्घीय प्रेस फोरम पर्सा से आजु वीरगंज के होटल भिस्वा मे आयोजना कईल पत्रकार सम्मेलन मे उ सरकार के असंवैधानिक कदम के चलते सङ्घीयता आ गणतन्त्र जईसन मिलल उपलब्धि ओराएके खतरा उत्पन्न भईला से वर्तमान राजनीतिक जटिलता से देश के बाहर निकाले खातिर सभी लोकतान्त्रिक शक्ति एकजुट भईल जरुरी रहल बा कहनी ।
अध्यक्ष यादव प्रतिनिधिसभा विघटन के बारे मे सर्वोच्च अदालत मे पडल रिट के फैसला लोकतन्त्रवादी के पक्ष मे आवेके आ प्रतिनिधिसभा पुनस्र्थापित होखेमे खुद विश्वस्त रहल उल्लेख करत वैशाख महिना मे कउनो भी हालत मे निर्वाचन ना होखेके बतवनी ।
उ प्रतिनिधिसभा विघटन के विषय विशुद्ध राजनीतिक भईला से एकर निकास भी राजनीति तवर से खोजल जरुरी रहल बतवनी ।
पत्रकारद्वारा पुछल एगो सवाल के जवाफ मे उ नेपाल भारतबीच रहल सभी विवाद आ समस्या के निकास वार्ता आ संवाद से खोजेके बतवनी ।
जसपा केन्द्रीय कार्यकारिणी समिति के सदस्य एंव नेता लक्ष्मणलाल कर्ण सर्वोच्च अदालत से प्रतिनिधिसभा पुनस्र्थापित करेमे कउनो शङ्का ना रहल बतवनी ।
उ नेपाल मे देखाई पडल ऐतिहासिक मुद्दासब मे सर्वोच्च हरदम लोकतन्त्र आ जनता के पक्ष मे फैसला कईला से प्रतिनिधिसभा पुनस्र्थापित होखेमे उकनो शङ्का ना रहल प्रस्ट कइनी ।
सङ्घीय प्रेस फोरम पर्सा के अध्यक्ष आरके पटेल के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे पर्सा क्षेत्र नं. १ के सांसद प्रदीप यादव, ३ के निलम्बित सांसद हरिनारायण रौनियार, वीरगंज महानगरपालिका के मेयर बिजय सरावगी लगायत के सहभागीता रहल रहे ।






