विन्दवासिनी मे नेपाली कांग्रेस के भेला

वीरगंज २९ पुस
पर्सा के विन्दवासिनी गाँवपालिका मे नेपाली कांग्रेस के बईठक पुरा भईल बा ।
आजु नेपाली कांग्रेस बिन्दवासिनी गाँवपालिका के संयोजक बिवेक कुमार चौरसिया के अध्यक्षता मे बईठल बईठक से अनेकन निर्णय कईले बा ।
बईठक से संसद विघटन असंवैधानिक कदम भईला से पार्टी के केन्द्रिय निर्णय मुताविक पालिका स्तरिय बिरोध कार्जक्रम अन्तर्गत माघ ३ गते पालिका क्षेत्र मे मोटरसाईकल जुलुस निकालेके आ प्रसौनी भाठ्ठा मे कोण सभा करेके निर्णय कईले बा ।
माघ ८ गते पालिका के हरेक वार्ड मे वार्ड स्तरीय प्रदर्शन करेके निर्णय कईले बा ।
उ बईठक मे नेपाली कांग्रेस के महाधिवेशन प्रतिनिधि अशोक गुप्ता, वार्ड सभापतिलोग सत्येन्द्र नरायण ओझा, जयप्रकाश चौरसिया, शम्भु चौरसिया, सुकदेव यादव, वार्ड अध्यक्ष अनुज चौरसिया, रामचन्द्र चौरसिया, बब्लु गुप्ता, मुक्तिनाथ प्रसाद कुर्मी, उमेश चौरसिया, प्रभु चौहान, मुकेश साह कानु, हरेन्द्र चौरसिया, तरुण दल के जिल्ला सदस्य उपनेश चौरसिया, आनन्द चौहान, ने.बि.संघ के सुधान्सु चौरसिया लगायत उल्लेखनिय रुपमे नेता कार्यकर्तालोग के सहभागीता रहल बिन्दवासिनी गाँवपालिका संयोजक बिबेक चौरसिया बतवनी ।





