“नेपाल–भारत पेट्रोलियम पाइपलाइन मे छेद करके डिजेल चोरी”

काठमाण्डु २ माघ

नेपाल–भारत पहिलका अन्तरदेशीय पेट्रोलियम पाइपलाइन मे छेद करके डिजेल चोरी भईल भारतीय मिडिया जनवले बा ।

मोतीहारी अमलेखगञ्ज पाइपलाइन अन्तर्गत नेपाली सीमा से एक सय किलोमिटर दुर बिहार के सिवान अन्तर्गत के नविगन्ज मे पाइपलाइन फोर के हजारो लिटर डिजेल चोरी भईल भारतीय मिडिया नवभारत टाइम्स दाबी कईले बा ।

माकिर नेपाल आयल निगम के प्रवक्ता विनितमणि उपाध्याय पाइपलाइन मे आक्रमण भईल जानकारी भईल माकिर डिजेल चोरी के जानकारी ना मिलल बतवनी । पाइपलाइन से नियमित रुप मे डिजेल आपूर्ति हो रहल प्रवक्ता उपाध्याय के कहनाम बा ।

पाइपलाइन मे आक्रमण के बाद भारतीय आयल कर्पोरेसन के मोतीहारी स्थित प्रणाली मे प्रेसर कम भईल आ पाइपलाइन मे नोक्सानी के जानकारी भारतीय पक्ष के तुरुन्ते मिलल निगम के दाबी बा ।

पाइपलाइन आक्रमण से भईल नोक्सानी नेपाल से व्यहोरेके ना पडेके भी निगम जनवले बा । पाइपलाइन मे क्षति करेवाला उपर भारतीय अधिकारी पकड के कानुनी कारबाही सुरु कईल जानकारी मिलला पर भी विस्तृत विवरण आवे ना सकल प्रवक्ता उपाध्याय के कहनाम बा ।

भारत के मोतीहारी से नेपाल के अमलेखगन्ज तक ६९.२ किलोमिटर लम्हर पाइपलाइन निर्माण कईल बा । उ पाइपलाइन से अभी डिजेल आवेला । नेपाल आ भारत के प्रधानमन्त्री बितल बरीस भादो २४ गते संयुक्तरुप मे पेट्रोलियम पाइपलाइन के उदघाटन कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।