नाम के खातिर मात्र स्मार्ट सिटि मौलापुर नगरपालिका

मेवालाल यादव÷

रौतहट २४ भादो,

रौतहट जिल्ला के स्मार्ट सिटी के नाम से चिन्हाएवाला मौलापुर नगरपालिका नाम के खातिर मात्र स्मार्ट सिटि भईल मिलल बा । मौलापुर नगरपालिका मात्र मौलापुर मे बिकाश कईल सर्वसाधारण के कहनाम बा ।

मौलापुर नगरपालिका के वार्ड नं. ८ सोनरनिया से फतुवा विजयपुर नगरपालिका के सितलपुर जाएवाला रास्ता मे दैनिक दुर्घटना हो रहल बात मौलापुर नगरपालिका के मेयर रिना साह के बारम्बार उहा के जनता जानकारी करईला पर भी अभी तक मौलापुर नगरपालिका उ रास्ता बनावे खातिर पहल करे ना सकला पर मौलापुर नगरपालिका के सोनरनिया से फतुवा विजयपुर नगरपालिका के सितलपुर जाएवाला रास्ता के अवस्था जिर्ण बनल बा ।

मौलापुर नगरपालिका के वार्ड नं. ८ के वार्ड अध्यक्ष बसन्त यादव सोनरनिया से सितलपुर जाएवाला रास्ता से खुद के कुछो सरोकार ना रहला के चलते सडक डिभिजन मर्मत करेके स्थानीय रामाधार यादव बतवनी । प्रभु साह के क्षेत्र मे पडेवाला उ सडक खण्ड स्मार्ट सिटी मे भी कर रहल माकिर मेयर अभी तक रास्ता के अवस्था देखके भी ना देखल जईसन कईल स्थानीय प्रमानन्द यादव बतवनी । मौलापुर नगरपालिका के मेयर आ आउर जनप्रतिनिधि के सोनरनिया से सितलपुर जाएवाला रास्ता के अवस्था के बारे मे जानकारी करईला पर खुद उ रास्ता से आवत जावत ना कईला के चलते खुद उ रास्ता ना बनावे के मौलापुर नगरपालिका के वार्ड नं. ८ के एक जने स्थानीय आरोप लगवले बाडन ।

मौलापुर नगरपालिका के मेयर तथा रौतहट क्षेत्र नं. ३ के सांसद प्रभु साह मौलापुर नगरपालिका स्मार्ट सिटि भईल दाबी करत अईला पर भी मौलापुर नगरपालिका अभी तक सोनरनिया से सितलपुर जाएवाला रास्ता के मर्मत करे खातिर पहल ना कईल अपने मे एगो दुखद खबर रहल स्थानीय बतवले बाडन ।

मौलापुर नगरपालिका के सोनरनिया से फतुवा विजयपुर नगरपालिका के सितलपुर जाएवाला रास्ता मे दैनिक स्थानियसब आवात जावत मे समस्या हो रहल समान ढुवानी करेवाला गाडीसब पाँकी के चलते आवत जावत मे समस्या हो रहल डाईबर चिरनजिवी कुशवाहा बतवनी । मौलापुर नगरपालिका के मेयर रिना साह आ रौतहट क्षेत्र नं. ३ के सांसद प्रभु साह मात्र आपन गाँव मे बिकाश कर रहल आ आउर जगहा के बिकास मे खासे ध्यान ना देहल आरोप बढ रहल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।