रामराजा मोविशाह क्याम्पस के १३ वाँ सभा पुरा

प्रभु यादव
बारा २ माघ
बारा जिल्ला के सब से जेठ राम राजा मोहन विक्रम शाह बहुमुखी क्याम्पस के १३ वाँ सभा एक कार्जक्रम कर के पुरा भईल बा । बारा निर्वाचन क्षेत्र ३ के प्रदेश नम्बर २ प्रदेशसभा ख के सदस्य पारस साह संघ, प्रदेश आ स्थानिय सरकार के समन्वय भईला पर शिक्षा के स्तर अगाडी बढावे सकल जासकता कहके जानकारी देहनी ।
क्याम्पस के १३ वाँ सभा के सम्बोधन करत प्रमुख अतिथी समेत रहल प्रदेश सदस्य साह राम राजा मोवि क्याम्पस के स्तरवृद्धि सगे शिक्षा के स्तर मे अउरी उचाई मे पुगावे खातिर जवन सहजोग करे के परी उ आपने करे खातिर प्रतिवद्ध रहल बानी बतावले बानी ।
क्याम्पस मे दक्ष जनशक्ति परिचालन कर के बिधार्थी लोग के जिमेवार होकर के अध्यापन करावे के प्रध्यापक लोग के भुमिका महत्पपुर्ण रहेके चर्चा करत निष्टापुर्वक पढावेला प्रदेश सदस्य साह आग्रह कईनी ।
प्रदेश सरकार के सदन मे आपना से प्रस्ताव राख के समुदायीक क्याम्पस सब के स्तरवृद्धि के खातिर निती तथा कार्जक्रम लियावल गईल जवना मे बजेट समावेश करावेला प्रयासरत रहल साह जानकारी करावले रहनी । क्याम्पस के पुरान भवन के मर्मत आ रंगरोदन खातिर आपन संसदीय बिकास कोष से १० लाख रोपेया देवे के घोषणा कईनी आउरी उ बजेट के जेष्ठ महिना भितर मे काम सम्पन्न करावे के प्रदेश सदस्य साह निहोरा कईनी ।
शिक्षा क्षेत्र मे राजनीतिक ना कर के सहमती समन्वय कर के क्याम्पस के सही दिशा ओर लेजाय के प्रदेश सदस्य सल्लाह दिहनी । पाँच जने पढनियार लोग के खातिर प्रदेश सदस्य साह आपन व्यक्तिगत ओर छात्रवृती के दुसरका किस्ता ३० हजार के चेक क्याम्पस प्रमुख हरिभुषण कुशवाहा के सभा मे देहनी ।
कलैया उपमहानगरपालिका के नगर प्रमुख राजेश राय यादव क्याम्पस के व्यवस्थित करे खातिर नगरपालिका से सहजोग करे के प्रतिवद्धता जनावत अउरी संकाय संचालन करे खातिर आपन पुर्णरुप मे आर्थिक सहजोग करे के प्रतिवद्ध कईले बानी ।
नेकपा के विक्रम ठाकुर क्याम्पस के विकास करेला स्थानिय सरकार के विशेष भुमिका खेले के आग्रह कईनी । नेपाली काग्रेस के प्रतिनिधि कलावती पासवान क्याम्पस मे बनल दलित छात्रावास लोप होखले जारहल बा ओकरा के व्यवस्थापन कर के सञ्चालन मे लेयावे के कहत ओ भवन मे गरिब सभे जातजाती के लईकालईकी रह के पढे मे मद्दत पुगे के कहनी । जसपा के केन्दिय सदस्य चुमनबाबु केटव स्थानिय सरकार क्याम्पस के उपेक्षा करहल कहत ध्यान देवे के आग्रह कईनी ।
सरकार से देहल ८० लाख रोपेया समेत फ्रिज होगई जवन क्याम्पस के कमजोरी रहल केवट जनकारी करावले रहनी । १३ वाँ सभा मे क्याम्पस के सहजोग कररहल नेपाल लेखापढी कानुन ब्यवसायी एसोसियसन के बारा शाखा के नवनिर्वाचित अध्यक्ष वृजकिशोर यादव, हलखोरिया साझेदारी वन व्यवस्थापन समिति के अध्यक्ष रबिन्द्र सिह के गमछा लगा के टीका लगावत सम्मान क्याम्पस संचालक समिति के अध्यक्ष प्रभुनाथ पटेल कईले रहलन ।
क्याम्पस संचालक समिति के अध्यक्ष प्रभुनाथ पटेल के सभापतित्व मे भइल कार्जक्रम मे बारा उधोग बाणिज्य संघ के अध्यक्ष राजकुमार साह, नेपाल मजदुर किसान पार्टी के जिल्ला अध्यक्ष मुक्ति यादव, क्याम्पस के पुर्व अध्यक्ष सुरेश मोदक, नेपाल पत्रकार महासंघ प्रदेश २ के सदस्य सिकेन्द्र पासवान, महिला सञ्जाल के बारा अध्यक्ष बबिता जसवाल, बेटी पढाउ बेटी बचाउ अभियान के संयोजक निभा सिह, नेपाल राष्ट्रिय शिक्षक समाज प्रदेश २ के अध्यक्ष रबिन्द्र गिरी लगायत के लोग शुभकामना मन्तब्य रखले रहनी ।
क्याम्पस के सभा मे क्याम्पस प्रमुख रबिभुषन कुशवाहा क्याम्पस के प्रगति के सम्बन्ध मे प्रकाश पारले रहनी जवना के सञ्चालन प्रध्यापक अमित मिश्रा के रहल आ संचालक समिति के उपाअध्यक्ष जंगबहादुर चौरसिया स्वागत मन्तब्य कईले रहनी ।
कार्जक्रम मे पत्रकार रतन टेमानी गरिब, जेहन्दार, दलित आ पिछडा वर्ग के बिद्यार्थी सब मे से १ जने के प्रत्येक बरीस छात्रावृति देवे के घोषणा कईले बानी ।






