बिदेश से पार्सल पठावल लागु औषध सहित ३ जने पकडईलें
बिदेश से पार्सल पठावल लागु औषध सहित ३ जने पकडईलें

प्रभु यादव
बारा १७ पुस
बारा पुलीस युएसए से पार्सल करके पठावल लागु औषध सहित ३ जने के पकडले बा । जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा आ लागु औषध व्युरो वीरगंज शाखा से खटल संयुक्त प्रहरी टोली सोमार के दिने ३ जने के पकडले बा ।
विदेश से लागु औषध डिलेभरी होत बा कहके सूचना के अधार मे खटल पुलीस लागु औषध सहित वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं.१ सिसोबारी निवासी २२ बरीस के नैमोदिन मियाँ, बजार छपकैया निवासी २७ बरीस के जितेन्द्र साह सोनार आ २२ बरीस के कृष्णा सर्राफ के पकडल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा जनवले बा ।
पकडाईललोग के साथ से पप्पकर्न मिक्स ट्रियो लिखल लाल रंग के टिन के डब्बा भितर गाँजा ३ प्याकेट, ओल्ड फैस्नेड ओएट्स लिखल डब्बा भितर गाँजा १ प्याकेट आ क्युक ओएट्स लिखल डब्बा भितर गाँजा १ प्याकेट बरामद भईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरिक्षक दधिराम न्यौपाने बतवनी ।
कलैया उप–महानगरपालिका वार्ड नं.१ मोतिबाग स्थित जिल्ला हुलाक कार्यालय कलैया, बारा लगे विदेश से आईल उ कार्टुन भी लागु औषध गाँजा सहित नियन्त्रण मे लेके लागु औषध मुद्दा दर्ता करके बारा जिल्ला अदालत से ५ दिन म्याद थप करके आउर अनुसन्धान हो रहल बारा पुलीस जनवले बा ।






