नेका पर्सा के सभी पालिका मे मोटरसाईकल जुलुस एवं बिरोध सभा

वीरगंज ०३ माघ
प्रतिनिधि सभा विघटन के विरोध मे नेपाली कांग्रेस पर्सा के सभी पालिका मे आजु मोटरसाइकल जुलुस आ विरोध सभा पुरा भईल बा ।
कालिकामाई गाँवपालिका के वार्ड नं. २ गदियानी से निकललल मोटरसाइकल जुलुस गदियानी, भेडिहारी, बलुवा, बिरन्चिबर्वा, हरिहरपुर, सिमरा, मुडली, रबिदास के परिक्रममा करत टिनडोबिया मे पुग के कोण सभा मे परिणत भईल रहे ।
सभा के सम्बोधन करत गाँवपालिका संयोजक राजेन्द्र कुमार कुर्मी प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली तनाशाह बनत गईल आरोप लगवनी । प्रधानमन्त्री ओली के असंवैधानिक कदम से उनका मे तनाशाह देखल उनकर आरोप रहे । कम्युनिष्ट सरकार भ्रष्टचार के अलावा कुछो करे ना सकल आरोप लगावत उ नेपाली कांग्रे के विकल्प ना रहल दाबी कइनी ।
नेपाली कांग्रेस कालिकामाई गाँवपालि के आयोजना मे भईल बिरोध कार्जक्रम मे छठु साह, संजय साह, रामानन्द ठाकुर, रामशिष यादव लगायत सयो के सहभागिता रहल रहे ।
एहितरे छिपहरमाई गाँवपालिका मे भी संसद विघटन के विरोध मे नेपाली कांग्रेस के मोटरसाइकिल जुलुस आ विरोध सभा पुरा भईल बा । गाँवपालिका संयोजक धुरेन्द्र साह कानु के अध्यक्षता मे भईल विरोध कार्जक्रम मे जिल्ला सचिव किशोरी साह, जिल्ला सदस्य नबिन सिंह, रामेसवर महतो, रामासंकर साह लगायत के सहभागिता रहल रहे ।
एहितरे, जगरनाथपुर गाँवपालिका मे भी संसद विघटन के विरोध मे मोटरसाइकल जुलुस तथा विरोध सभा भईल क्षेत्रिय सचिव श्रीकान्त यादव जानकारी देहनी । मोटरसाइकल जुलुस गाँवपालिका के अनेकन वार्ड के परिक्रममा कईले रहे ।
एहितरे, धोबिनी गाँवपालिका भी नेपाली कांग्रेस के मोटरसाइकल जुलुस तथा विरोध सभा पुरा कईल क्षेत्रिय सचिव बलिष्ठर अहमद जानकारी देहनी । विरोध सभा के महासमिति सदस्य बशिष्ठ नारायण कुर्मी सम्बोधन कईले रहनी ।
एहितरे, पर्सा के बहुदरमाई नगरपालिका मे भी नेपाली कांग्रेस के विरोध सभा पुरा भईल नेपाली कांग्रेस के जिल्ला सचिव श्याम पटेल बतवनी । कम्युनिस्ट सर्बसत्ताबादी सरकार के प्रतिगामी कदम, असंवैधानिक संसद विघटन, भ्रष्टाचार, कुशासनका विरुद्ध मे आयोजित विरोध सभा पुरा भईल उ बतवनी ।
नेपाली काँग्रेस बहुदमाइ नगरपालिका के आयोजना मे भईल विरोध सभा मे नेपाली कांग्रेस के केन्द्रिय सदस्य अजय चौरसिया, प्रदेश सभा सदस्य राजेशवर साह लगायत के लोग सम्बोधन कईले रहनी । एहितरे, पर्सा के सभी पालिका मे नेपाली कांग्रेस के विरोध कार्जक्रम पुरा भईल जनावल गईल बा ।






