वीरगंज महानगरपालिका सहुलियत दर के जनस्वास्थ्य प्रयोगशाला सञ्चालन मे लिआईल

वीरगंज २८ कुवार
वीरगंज महानगरपालिका आपन जनस्वास्थ्य प्रयोगशाला सञ्चालन मे लिआईल बा । नगरवासी के सहुलियत दर मे स्वास्थ्य परीक्षण(ल्याब) सेवा उपलब्ध करावेके उदेश्य से महानगर आपन प्रयोगशाला सञ्चालन मे लिआईल बा ।
एतवार के दिने प्रयोगशाला के उदघाटन करत पूर्व वन तथा वातावरण मन्त्री प्रदीप यादव सर्वसुलभ शुल्क मे स्वास्थ्य परीक्षण सेवा मिलल आम नागरिक के खातिर प्रयोगशाला बरदान जईसन भईल बतवनी ।
नागरिक निजी स्वास्थ्य संस्था मे जाँच करेके परला पर महंगा शुल्क तिरला के साथे सास्ती भोग रहल कहत उ महानगर से सञ्चालन मे लियावल जनस्वास्थ्य प्रयोगशाला जनहितकारी रहल भी बतवनी ।
वीरगंज महानगरपालिका बाहर के निजी स्वास्थ्य संस्था से बहुते सस्ता शुल्क मे स्वास्थ्य परीक्षण करेके उदेश्य से वार्ड नम्बर ३ मालपोत कार्यालय अगाडी के चोक मे ल्याब सञ्चालन मे लिआईल बा । ल्याब मे उच्चस्तरीय प्रविधि के परीक्षण मेसिन राखल आ अभी अनेकन ५४ किसिम के परीक्षण होखेवाला किसिम से सेवा सुरु कईल महानगर के मेयर राजेशमान सिंह बतवनी ।
कालाजार, मलेरिया आ एचआइभी परीक्षण ल्याब मे निःशुल्क करेके आ आउर परीक्षण के खातिर भी जलदी जरुरी प्रविधि जडान करेवाला किसिम से काम हो रहल भी उ बतवनी ।
महानगरपालिका ३३ लाख के लागत मे हल, सिपटी सहित ४ कोठरी के भवन बनाके प्रयोगशाला सञ्चालन मे लिआईल बा । प्रयोगशाला के खातिर प्रयोग भईल उपकरण मधेस प्रदेश सरकार के सामाजिक विकास मन्त्रालय से उपलब्ध करावल मेयर सिंह जानकारी देहनी ।
उनका मुताविक प्रयोगशाला मे सीबीसी १ सय ७५ रोपेया, लिभर फंक्सन टेस्ट २ सय रोपेया आ लिपिट प्रोफाइल टेस्ट ३ सय रोपेया मे हि परीक्षण कईल जाई । बाहर निजी प्रयोगशालासब अभी सीबीसी, लिभर फंक्सन टेस्ट, लिपिट प्रोफाइल टेस्ट परीक्षण कईला पर ७ सय रोपेया से लेके १ हजार रोपेया तक लेरहल बाडन । सभी किसिम के परिक्षण मे नगरवासी बजार मूल्य से ७५ प्रतिशत सस्ता परीक्षण सेवा प्राप्त करे सकेके महानगर मेयर सिंह बतवनी । एहितरे प्रयोगशाला मे जेष्ठ नागरिक, मृगौला पीडित, क्यान्सर पीडित, एचआईभी संक्रमित, सहिद परिवार आ मधेस आन्दोलन के घायल तथा विपन्न परिवार के सभी किसिम के परीक्षण मे ९० प्रतिशत छुट आ अपांगता भईल आदमी के ५० प्रतिशत छुट के व्यवस्था मिलावल गईल भी मेयर सिंह बतवनी ।
नारायणी अस्पताल के मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट डा.चित्तरंजन साह महानगर से सञ्चालन मे लिआईल प्रयोगशाला नारायणी अस्पताल से भी सुलभ रहल कहत परीक्षण करेवाला मेसिन भी गुणस्तरीय रहल बतवनी ।
कार्जक्रम मे महानगर के प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत लक्ष्मी प्रसाद पौडेल, जिल्ला स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के प्रमुख वरिष्ठ जनस्वास्थ्य प्रसाशक डा.मुक्ति नारायण साह, वार्ड नं. ३ के वार्ड अध्यक्ष बैजुलाल श्वर्णकार, वार्ड नं. ४ के वार्ड अध्यक्ष जगत साह कानु, वार्ड नं. ५ के वार्ड अध्यक्ष प्रदीप चौरसिया, वार्ड नम्बर २६ के वार्ड अध्यक्ष शम्भु मिश्र लगायत के सहभागिता रहल रहे ।





