बारा के दुधौरा नदी मे बनेवाला पुल के शिलान्यास

बारा ०४ माघ

बारा के रमौलीघाटस्थित दुधौरा नदी मे पुल निर्माण होखेवाला भईल बा । जीतपुरसिमरा उपमहानगरपालिका–८ रमौली लोसन्डा आ वार्ड नम्बर २० बसडील्वा जोडेवाला पुल निर्माण करे लागल बा ।

जीतपुर–ईनर्वासिरा सडक अन्तर्गत पडेवाला पुल के एतवार के दिने प्रदेश नम्बर २ के भौतिक पूर्वाधार विकास मन्त्री जितेन्द्र सोनल शिलान्यास कईले बानी ।

१ सय मिटर लम्हर पुल बनावे खातिर भ्याटसहित १२ करोड ७० लाख ७२ हजार ८ सय ५७ रोपेया १४ पईसा मे ठेक्का सम्झौता भईल बा ।

हेटौँडा के सपना मेरिना जेभी कन्स्ट्रक्सन निर्माण के जिम्मा लेहले बा । आवेवाला २०७६ कुवार २८ गते सम्झौता भईल पुल के काम २०७९ बैशाख २ गते भितर ओराएके सम्झौता मे उल्लेख बा ।

पुल ना भईला से वर्षात के समय मे सर्वसाधारण २५ किलोमिटर लम्हर वैकल्पिक रास्ता प्रयोग करेमे बाध्य बाडन । पुल बनला के बाद जितपुरसिमरा के बासिन्दा के बारा के सदरमुकाम कलैया आवे–जाएमे भी सहज होखी ।

पुल शिलान्यास कार्जक्रम मे बोलत मन्त्री सोनल विकास निर्माण मे प्रदेश नम्बर २ आउर ६ गो प्रदेश के पछाडि छोडल दावी कइनी ।

पुल बनला के बाद ग्रामिण क्षेत्र के किसान के उत्पादन सहर बजारतक पुगावेमे सहज होखेके उनकर कहनाम बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।