पशु स्वास्थ्य के खातिर निःशुल्क शिविर पुरा

प्रभु यादव

बारा ०६ माघ,

बारा के कलैया उपमहानगरपालिका के वार्ड नम्वर २३ बैराठपुर मे पशु स्वास्थ्य तथा वाझोपन नियुनिकरण सम्बन्धि निःशुल्क शिविर पुरा भईल बा ।

पशु स्वास्थ्य शिविर मे दु सय गाई भैंसी के डकहवा, जहरवाद (भ्यागुते र चरचरे) विमारी के खातिर एच. एस. बी. २ खोप आ एक हजार ४४ गो बकरी के खातिर हैजा के रूप मे लागेवाला विमारी से बचेला पि.पि.आर खोप लगावल गईल कलैया उपमहानगरपालिका के पशु सेवा शाखा प्रमुख पशु विकास अधिकृत महबुब आलम जनकारी करावले बानी ।

पशु स्वास्थ्य शिविर के उदघाटन वार्ड नम्वर २३ के अध्यक्ष विक्रम साह गाँव घर मे रहल पशु सब के महामारी के रूप मे लागेवाला विमारी से बचावेला खोप निःशुल्क मे लगा के पशु पालक किसान के सहजोग करे खातिर कार्य कईल सब के लाभदायक भईल जनकारी करावले बानी ।

शिविर मे आईल गाई, भैंसी आ बकरी के महामारी से बचेवाला सुई के साथे साथे अन्य विमारी के खातिर निःशुल्क दवाई देहल जारहल बा ।

वार्ड नम्वर २७, २ आ २३ मे शिविर सञ्चालन होगईल बाकी १२ गो वार्ड कर के २७ वार्ड मे से १५ गो वार्ड मे पहिलका चरण मे शिविर चलाके पशु के चेकजाच करे के काम कईल जाए के शाखा प्रमुख आलम जनकारी करावले बानी ।

शिविर मे शाखा प्रमुख आलम के अगुवाई आ पशु शाखा के आयोजना मे पशु अधिकृत जलन्धर यादव, पशु प्रविधिक अशोक कुमार यादव आ विशेन्द्र यादव लगायत १० जने के सहकार्य मे पशु सब के चेकजाँच कईल जारहल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।