बारा मे ४० जने कोरोना संक्रमित, बहुते संक्रमित होम आइसोलेसन मे

प्रभु यादव

बारा ०१ भादो

बारा मे सोमार के दिन ४० जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

कलैया उपमहानगरपालिका मे ३२ जने, महागढीमाई नगरपालिका मे ५ जने, निजगढ नगरपालिका मे दु जने, जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका मे एक जने कर के ४० जने सक्रमित रहल जनस्वास्थ्य कार्यालय बारा के प्रमुख रामनरेश यादव जनकारी करावले बानी ।
कलैया उपमहानगरपालिका के वार्ड नम्वर १ मे १४ जने, वार्ड नम्वर ४ मे तीन जने, वार्ड नम्वर ५ मे कर्मचारी सहित आठ जने, वार्ड नम्वर १० मे दु जने, वार्ड नम्वर ६, ७, १३, १८, २१ मे एक एक जने संक्रमित रहल स्वास्थ्य शाखा उपप्रमुख अजय जयसवाल जानकारी करवले बानी ।

संक्रमित होखेवाला मे ८ जने जनानी आ २४ जने मर्दाना रहल जवना मे ६ बरीस से ५८ बरीस तक के लोग रहल उपप्रमुख जयसवाल जानकारी देहनी ।

कलैया उपमहानगरपालिका के वार्ड नम्वर ३ के गंगापुर मे रहल आइसोलेशन मे तीन जने पुगल बा बाकी लोग आपन आपन घर मे आइसोलेशन मे रहल जयसवाल जानकारी करावले बानी ।

बारा जिल्ला के जितपुरसिमरा उपमहानगरपालिका आ कलैया उपमहानगरपालिका के बहुते सक्रमित लोग आपन आपन घर मे रह के सावधानी अपना रहला पर भी समुसदाय के लोग मे डर फईलल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।