विजयप्रकाश बिन स्मृति पत्रकारिता पुरस्कार खतिवडा के मिलल

वीरगंज ०६ माघ

वितल ४२ बरीस से पत्रकारिता पेशा मे संलग्न होके विशिष्ठ योगदान पुगावेवाला ६६ बरीस के पत्रकार शङ्करप्रसाद खतिवडा के आजु वीरगंज मे स्व विजयप्रकाश बिन स्मृति पत्रकारिता पुरस्कारसे सम्मान कईल गईल बा ।

स्व विन्दुदेवी पाण्डे स्मृति प्रतिष्ठान वीरगंजद्वारा आयोजना कईल स्व विजयप्रकाश बिन स्मृति पुरस्कार से पुरस्कृत होखेवाला खतिवडा पहिलका पत्रकार बानी । उनका के वीरगंज महानगरपालिका के नगरप्रमुख विजयकुमार सरावगी नगद रु ११ हजार १११ प्रदान करके दोसल्ला ओढा के सम्मान कईले रहनी ।

कार्जक्रम मे स्व बिन के धर्मपत्नी तारादेवी के भी रु दु हजार १०० नगद आ दोसल्ला ओढा के सम्मान कईल गईल । पत्रकारिता के माध्यम से भोजपुरी भाषा तथा साहित्य मे महत्वपूर्ण योगदान पुगावल स्व बिन २०४० साल ओरी सगुन कहके भोजपुरी भाषा के पहिलका पत्रिका के शुरुआत् कईले रहनी ।

स्व बिन पत्रिका मार्फत भोजपुरी भाषा, साहित्य के उत्थान आ विकास के खातिर कईल योगदान के उच्च मूल्याङ्कन करत स्व विन्दुदेवी पाण्डे प्रतिष्ठान उनकर नाम मे अक्षयकोष स्थापना करके स्व विजयप्रकाश बिन स्मृति प्रतिष्ठान गठन करके ई बरीस से उ पुरस्कार प्रदान करत आईल बा ।

उ अवसर मे वीरगंज महानगरपालिका के प्रमुख विजयकुमार सरावगी पत्रकारिता पेशा मे संलग्न जनानी पत्रकार के पठनपाठन के खातिर रु एक लाख तक योगदान देवेके, पत्रपत्रिका के खातिर लोककल्याणकारी विज्ञापन के नीति बनावल आ भोजपुरी भाषा, संस्कृति आ साहित्य के विकास के खातिर भोजपुरी प्रतिष्ठान गठन करे लागल बतवनी ।

प्रतिष्ठान के संयोजक तुलसी भण्डारी के अध्यक्षता मे भईल उ कार्जक्रम मे वरिष्ठ पत्रकार सुदर्शनराज पाण्डे, नेपाल पत्रकार महासङ्घ प्रदेश २ के सभापति दीपेन्द्र चौहान, वरिष्ठ पत्रकार, चन्द्रकिशोर झा, नेपाल पत्रकार महासङंघ पर्सा के अध्यक्ष श्याम बन्जारा लगायत के लोग पत्रकार से व्यावसायिक पत्रकारिता के विकास मे भोजपुरी भाषा के पत्रिका प्रकाशन करके स्व बिन जनानी के भी पत्रकारिता क्षेत्र मे लियावे के प्रयास कईल आ पुरुष पत्रकार के बाहुल्यता रहल अभी के परिवेश मे जनानी पत्रकार के सङ्ख्या बढत गईल बढिया बात भईल बतवले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।