कालिकामाई के प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत साह विभाग के निर्णय के लतियावत १५ दिन वितला पर भी निर्देशन पालना ना कईलन

वीरगंज ०६ माघ
पर्सा के कालिकामाई गाँवपालिका के प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत जयचन्द्र साह गृह मन्त्रालय अन्तर्गत के राष्ट्रिय परिचय पत्र तथा पञ्जिकरण विभाग के निर्देशन अवहेलना कईल मिलल बा ।
विभाग एम.आई.एस. अपरेटर आ फिल्ड सहायक के सेवा करार म्याद थप करे खातिर गाँवपालिका के देहल निर्देशन प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत साह अटेरी कईले बाडन ।
गाँवपालिका च.नं. ५११ भईल मिति २०७७÷९÷१४ गते के पत्र मार्फत विभाग के सेवा इकाई मे कार्यरत रहल एम.आई.एस. अपरेटर लक्ष्मण साह आ फिल्ड सहायक भेष साह के सेवा करार म्याद थप करे ना सकेके जानकारी करवले रहे ।
ओकरा बाद विभाग च. नं. १३६४ भईल मिति २०७७÷०९÷२० के पत्र मार्फत गाँवपालिका के समाजिक सुरक्षा तथा व्यक्तिगत घटना दर्ता प्रणाली सुदृढीकरण आयोजना के खातिर गाँवपालिका के सेवा इकाई मे सेवा करार मे नियुक्त भईल एम.आई.एस. अपरेटर आ फिल्ड सहायक के सेवा करार के म्याद थप करे खातिर निर्देशन देहले रहे ।
विभाग से आयोजना अवधि बाँकी रहल आ अनुभव भईल कर्मचारी के जरुरत आयोजना के अभी भी विद्यमान रहला से उ दुनु कर्मचारीलोग के म्याद थप करके कार्य करावे खातिर उपयुक्त भईला से उहे मापदण्ड के बुँदा नं. १६ बमोजिम आयोजना अवधिभर के खातिर एक बेर मे बेसी मे एक बरीस अवधि कायम करेवाला किसिम से सेवा करार सम्झौता के म्याद थप करे खातिर निहोरा कईला पर भी अभी तक उ कर्मचारीलोग के म्याद थप होखे नइखे सकल ।
गाँवपालिका के पत्र प्राप्त भईला १५ दिन वितला पर भी प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत साह निर्देशन अटेरी कईल देखल गईल बा । उ चलते गाँवपालिका के सेवा ईकाई के व्यक्तिगत घटना दर्ता लगायत के काम प्रभावित भईल बा ।
उ पत्र विभाग से जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा के भी वोद्धार्थ कईले रहे । ओकरा बाद प्रशासन कार्यालय चं. २८०७ भईल मिति २०७७÷०९÷२० गते के पत्र मार्फत गाँवपालिका के विभाग के पत्र मुताविक जरुरी काम करे खातिर भी कहले रहे । माकिर प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत निति,नियम के लतियावत ओकर पालना नइखन कईले ।
प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत के पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी अस्मान तमाङ फुन मार्फत विभाग के निर्देशन पालना करे खातिर मौखिक आदेश देहला पर भी उनकर भी अवहेलना कईले बाडन ।
अधिकृत साह खुद पूर्व जिल्ला प्रशासन कार्यालय के कर्मचारी भईला के चलते विभाग आ प्रशासन कार्यालय के कईसे जवाफ देवेके हमरा जानकारी भईल कहत धाक धम्की देखावत आईल बाडन ।
विभाग के निर्देशन के बारे मे अधिकृत साह से बुझला पर खुद के कुछा जानकारी ना भईल कहत गैर जिम्मेवारपूर्ण जवाफ देहनी ।
ओकरा बाद केकरा जानकारी बा कहके पत्रकार के सवाल के जवाफ मे कार्यालय के जानकारी रहल बतवनी । कर्यालय कहल का ह सर सवाल कईला पर कार्यालय कहल कार्यालय ह कहके बतवनी ।
कार्यालय के जिम्मेवारी अपनेके ना ह सर पुछला पर का करेके बा कह कहके धम्की पूर्ण भाषा प्रयोग कइनी । विभाग के निर्दैशन पालना होखी कि ना पुछला पर खुद के कुछो जानकारी ना भईल बतावत फुन काट देहलन ।
गाँवपालिका के उपाध्यक्ष राजेश चौरसिया पत्र प्राप्त भईला के बाद बईठल कार्यपालिका के बईठक मे अध्यक्ष आ कुछ बेसी जानेवाला वार्ड अध्यक्ष के चलते निर्णय होखे ना सकल बतवनी ।
उ गाँवपालिका अध्यक्ष आ वार्ड अध्यक्षसब के बईठक से हमनी स्थानिय सरकार भईला के चलते कउनो भी निर्णय करे सकेके कहला पर हमरा ई बिषय मे जानकारी ना भईला के चलते वकिल से सल्लाह करके मात्र निर्णय करेके कहल बतवनी ।
ई बिषय मे गाँवपालिका अध्यक्ष नथुनी प्रसाद कुशवाहा से फुन मे सम्पर्क करेके खोजला पर खुद जनकपुर रहल बतावत बात करे ना सकेके कहत फुन काट देहनी ।
बितल बरीस राष्ट्र व्यापी खुल्ला प्रतियोगिता से समाजिक सुरक्षा तथा व्यक्तिगत घटना दर्ता प्रणाली सुदृढीकरण आयोजना के खातिर देशभर के ७५३ स्थानिय तह मे एम.आई.एस. अपरेटर आ फिल्ड सहायक सेवा करार मे न्युक्त र्भल रहलन ।
उहे समय मे कालिकामाई गाँवपालिका मे भी नियुक्त भईल दुनु कर्मचारी के अगहन ८ गते हि म्याद ओरईला पर भी अभी तक म्याद थप होखे नइखे सकल ।






