विश्व बैंकद्वारा रु १२ अरब कर्जा स्वीकृत

काठमाण्डु २१ जेठ
विश्व बैंक कोभिड–१९ सङ्कट, विद्युत् क्षेत्र के सञ्चालन तथा वित्तीय क्षमता सुधार के खातिर नेपाल सरकार के करिब रु १२ अरब उपलब्ध करावे के भईल बा ।
बैंक के कार्यकारी बोर्ड विकास नीति कर्जा अन्तर्गत आजु उ रकम नेपाल के प्रदान करेके निर्णय कइले बा । नेपाल के ऊर्जा क्षेत्र से प्राप्त होखेवाला आर्थिक विकास के सम्भावना के दृष्टिगत करके बैंक नीतिगत प्रमुख विषय, नियमन तथा संस्थागत सुधार करे खातिर कर्जा स्वीकृत कईल वासिङ्टनडिसी स्थित बैंक के प्रधानकार्यालय जनवले बा ।
नेपाल के अपार जलस्रोत के सर्वाधिक उपयोग करत विद्युत् के क्षेत्रीय बजार मे बृहत् एकीकरण करे खातिर तथा नेपाल विद्युत् प्राधिकरण के वित्तीय क्षमता सुधार, प्राधिकरण के नियमन दायरा विस्तार, ओकर स्वायत्तता, पारदर्शिता, जवाफदेहिता एवं पुनःसंरचना मे सहजोग करे खातिर कर्जा रकम स्वीकृत कईल बैंक से जारी कईल प्रेस विज्ञप्ति मे उल्लेख बा ।






