नेकपा ओली समुह के धोबिनी मे बृहत भेला

वीरगंज ०७ माघ

नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी के धोबिनी गाँवपालिका मे गाँवपालिका स्तरीय बृहत भेला पुरा भईल बा ।

नेकपा पर्सा के निर्णय मुताविक हरेक पालिका मे भेला करेके निर्णय मुताविक आजु लंगडी चौक मे भेला पुरा भईल बा ।

कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि नेकपा पर्सा अध्यक्ष प्रभु हजरा नेकपा के सरकार से लियावल अभियान आपन गाँव अपने बनाई कार्जक्र अन्र्तगत गाविस मे ३ लाख से शुरु कईल बजेट अभी ३० से ४० करोड तक गाँवपालिका मे बजेट नेकपा के सरकार लियावल दाबी कईले बानी ।

बृद्धा भत्ता ३ सय से ३ हजार तक देरहल आ आवेवाला दिन मे ५ हजार देवेके नेकपा केपी सरकार के निति रहल बतावत अध्यक्ष हजरा स्वास्थ्य के क्षेत्र मे हरेक गाँवपालिका आ नगरपालिकासब मे १५ से २५ सैया के अस्पताल स्थापना करेके बतवनी ।

वर्तमान सरकार जनता के हक हित मे कर्यल लोककल्याणकारी काम के प्रचार करेके आ आवेवाला निर्वाचन मे नेकपा के पक्ष मे जनमत निर्माण करे खातिर सभी से लागेके बतवनी ।

कार्जक्रम मे नेकपा के केन्द्रीय सदस्य एव संबिधान सभा सदस्य जयप्रकाश थारु मधेशी जनतासब के झुठा झासा देके मधेशी पार्टी कहलावेवाला मधेशीलोग के खुन मे रोटी सेकेके काम कर रहल बतवनी ।

मधेश आन्दोलन मे पचास लाख देवेके कहके सहिद आ घायल से भेट भी करे ना गईल मधेशीलोग बिकास के नाम मे भ्रष्टाचार कर रहल बतवनी ।

अईसन झासा देके जनता के मत लेके बहुरुपिया पार्टीसब के आवेवाला चुनाव मे मत ना देवे खातिर निहोरा करत नेकपा केपी ओली मे मतदान करे खातिर निहोरा कइनी ।

उ सरकार से कईल काम बेसी प्रभावकारी बनावे खातिर कार्यकर्तालोग लागेके बिचार राखत अब होखेवाला निर्वाचन मे आपन पक्ष मे जनलहर निर्माण मे लागेके बतवनी ।

उ मधेस, पहाड, हिमाल सभी क्षेत्र मे समाज विकास के अवधारणा प्रदर्शन कईला से प्रधानमन्त्री ओली के घेराबन्दी मे पारके देश आ जनता के हित मे काम करे से प्रचण्ड आ माधव कम्पनी से रोकल आरोप लगावत अब वैशाख मे होखेवाला निर्वाचन मे सुविधाजनक बहुमत देवे खातिर मतदातालोग से निहोरा कइनी ।

एहितरे छिपहरमाई गाँवपालिका अध्यक्ष मनोज गुप्ता प्रचण्ड के निजी स्वार्थ के चलते पार्टी बिभाजन भईल आरोप लगवनी । उ महान जनयुद्ध से मिलल उपलब्धी के भी प्रचण्ड स्वार्थ के चलते बँचावे ना सकल दावी कइनी । उ देश मे प्रधानमन्त्री ओली के बिकल्प ना रहल ठोकुवा भी कइनी ।

कार्जक्रम मे नेकपा के केन्द्रीय सदस्य एव संविधान सभाका सदस्य प्रद्युम्न चौहान, नेकपा के नेता एवं केन्द्रिय सदस्य बसरुद्धिन अन्सारी, प्रदेश कमिटी सदस्य योगेन्द्र साह कानु, बलिराम साह, तेजप्रकाश निषाद, जिराभवानी गापा उपाध्यक्ष उषा चौधरी, श्याम प्रसाद पटेल लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।

कार्जक्रम मे अकलेश साह, संतोष पटेल, सदाम अहमद, सुनिल साह कानु, अबास मिया लगायत के नेता कार्यकर्तालोग के सहभागीता रहल रहे ।

नेकपा धोबिनी गापा अध्यक्ष मजिद मियाँ के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम के संचालन बिरेन्द्र साह कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।