इनरवा के आगलागी पीडित के मलेसिया मे कार्यरत कामदारलोग कईले राहत सहजोग

मेवालाल यादव
रौतहट १२ माघ,
रौतहट के बौद्धिमाई नगरपालिका वार्ड नं. २ इनर्वा मे भईल आगलागी पीडित के मलेसिया के प्यककबल कम्पनी मे कार्यरत नेपाली कामदारलोग राहत सहजोग कईले बाडन । आगलागी पिडित के आजु राहत सामान तथा आर्थिक सहजोग कईल गईल बा ।
मलेसिया स्थिति कोसान कम्पनी मे कार्यरत नेपालीलोग आपन पारिश्रमिक से जम्मा करके पिडित के सहजोग कईले बाडन ।
आगलागी से घरबार बिहिन भईल खबर सुनला के बाद रौतहट के बौद्धिमाई नपा–२ ईनरवा के यूवा कामदार सुरेन्द्र गुप्ता बनिया कम्पनी मे नेपाली लीडर जे काम के सिलसिला मे मलेसिया मे बाडन, उलोग एगो राहत अभियान चलाके पईसा संकलन कईले रहलन ।
उ कम्पनी मे कार्यरत नेपाल के मजदुर सुरेन्द्र बनिया आ रमेश बिक के नेतृत्व मे सभी नेपालीलोग नगद जम्मा करके पिडित के पठवले रहलन ।
उलोग से पठावल ३३ हजार नगद सहित १७ हजार बराबर के अनेकन सामानसब करके जम्मा ५० हजार रकम बराबर के राहत प्याकेज पिडित के देहल गईल बा ।
वार्ड के प्रत्यासी धर्मेन्द्र पटेल, स्थानीय न्यूज डट कम के संचालक तथा प्रबंधक सञ्चारकर्मी आरएन पटेल आ बज्जिकाञ्चल खबर के सञ्चालक आरके श्रीवास्तव सहित स्थानीय भद्रभलादमीलोग के रोहबर मे आगलागी पिडित रामप्रसाद महतो नुनिया के राहत सामान सहित नगद हस्तान्तरण कईल रहे ।
राहत सामानसब मे सुतेवाला बेड १ थान, डसना १, बेड सिट, चाउर १ बोरा, दाल, करूतेल, लुगा फिंचेवाला सर्फ ५ किलो, सबुन, म्याट, कठौती, जग, बाल्टी सहित आउर अनेकन सामानसब सञ्चारकर्मी आरएन पटेल उपलब्ध करवले रहनी ।
आगलागी मे परके महतो के चार गो चौपाया पशु, अन्न, लताकपडा, भाँडाबरतन, गर–गहना लगायत बहुते सामान जरके नोक्सान भईल रहे ।
पीडि़त परिवार के बिपद के समय मे धैर्य धारण करे खातिर विश्वास दिलावत राहत सामान उपलब्ध करावल गईल बा ।





