वीरगंज के उद्योगी व्यवसायी आ भारतीय महावाणिज्य दूत बीच छलफल

वीरगंज २३ फागुन

वीरगंज के उद्योगी व्यवसायीलोग भारत आ नेपाल बीच होखेवाला व्यापार आ पारवहन मे देखल गईल समस्या समाधान करे खातिर भारतीय महावाणिज्य दूतावास से निहोरा कईले बाडन । भारतीय महावाणिज्य दूतावास, वीरगंज से आयोजना कईल ‘भारत–नेपाल सीमा व्यापार’ विषयक बतकही कार्जक्रम मे सहभागी उद्योगी व्यवसायीलोग ओईसन निहोरा कईले बाडन ।

वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ के अध्यक्ष सुवोध गुप्ता नेपाल–भारतबीच होखेवाला व्यापार, पारवहन के साथे नेपाली आयात निर्यातकर्तालोग से भोगत आईल व्यवहारिक तथा नीतिगत कठिनाइ के समेट के कार्यपत्र प्रस्तुत कईनी । उ रक्सौल–वीरगंज नाका के ह्यापी बोर्डर के रुप मे विकास करेके बतवनी ।

उ वस्तु निर्यात कईला पर अनिवार्य कईल प्रयोगशाला परीक्षण के झञ्झटिलो प्रक्रिया से मुक्ति देवे खातिर निहोरा कईनी । नेपाल से कृषिजन्य वस्तु, तेल, डाबर, नेपाल लिभर के उत्पादन भारत ओरी निर्यात होखेला । उ समय मे निर्यातकर्ता प्रयोगशाला परीक्षण करावल रिपोर्ट पेश करेके पडि ।

‘रक्सौल के प्रयोगशाला बन्द बा । कउनो मालवस्तु निर्यात करेके परला पर कलकत्ता पठावेके परता । नेपाल मे भी भारत मे भईल जईसन पहिलका श्रेणी के प्रयोगशाला बा । उनका से कईल परीक्षण रिपोर्ट के भारत ना मानेला’ कहत उ, ‘अनावश्यक झञ्झट हो रहल बा । बिगडेवाला किसिम के समान त प्रयोगशाला के रिपोर्ट लियावे के समय मे हि बिगडी । कि रक्सौल के प्रयोगशाला के कलकत्ता के जईसन बनावेके पडि, ना त दुनु देश एक दोसर देश मे कईल परीक्षण के रिपोर्ट के मान्यता देवेके पडि ।’

कार्जक्रम मे वीरगंज के उद्योगी व्यवसायीलोग सीमावर्ती सहर रक्सौल के विकास के खातिर भी आवाज उठवले बाडन । उलोग रक्सौल से भारत के मुख्य मुख्य शहरसब के जोडेवाला सुपरफास्ट ट्रेन सञ्चालन होखेके, आईसीपी मे पार्किङ एरिया प्रयोग करेवाला सवारीसाधन से मात्र पार्किङ शुल्क लेवेके बिचार रखले बाडन ।

एहितरे वजन करेवाला मेसिन के चार्ज, परीक्षण शुल्क आ जिएसटी हटावेके, आईसीपी के सबेरे ५ बजे से हि खोलेके, भारत आ नेपाल के पर्यटन प्रर्वद्धन के खातिर टुरिष्ट हेल्प डेस्क आ व्यापारिक मतभेद निवारण डेस्क के स्थापना होखेके व्यवसायीलोग के माग बा । भारतीय महावाणिज्य दूतावास के महावाणिज्यदूत नितिश कुमार उद्योगी व्यवसायी के ओर से आईल सुझाव के सकारात्मक रुप मे लेहल बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।