सखुवाप्रसौनी मे आमा सुरक्षा कार्जक्रम तथा बर्थिङ सेन्टर के अद्र्धवार्षिक समिक्षा पुरा

मेघराज राय
जीराभवानी १३ माघ
पर्सा के सखुवाप्रसौनी गाँवपालिका के स्वास्थ्य शाखा के आयोजना मे श्री नेपाल राष्ट्रिय मोहन प्राथमिक बिधालय मे आमा सुरक्षा कार्जक्रम तथा बर्थिङ सेन्टर के अद्र्धवार्षिक समिक्षा एक कार्जक्रम बिच पुरा भईल बा ।
कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि डा.लक्षमी थापा ग्रामीण स्तर मे भी स्वास्थ्य मे बढिया प्रबन्ध भईल, स्वास्थ्यकर्मी नरसीङ्गलोग के एसबिए तालीम के जरुरत रहल मन्तव्य रखले रहनी ।
सखुवा प्रसौनी गाँवपालिका अध्यक्ष प्रदीप जयसवाल के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम के प्रमुख अतिथी मे डा.लक्षमी थापा, बिशिष्ट अतिथि मे गाँवपालिका उपाध्यक्ष फुलमती देवी चौधरी, अतिथिलोग मे वार्ड नं. १ के अध्यक्ष बिशवनाथ पटवारी, २ के अध्यक्ष नियाज मिया, ४ के अध्यक्ष जुमादिन अन्सारी, ५ के अध्यक्ष रुपलाल यादव, ६ के अध्यक्ष लालबाबु यादव, स्वास्थ्यकर्मी लगायत के सहभागीता रहल रहे ।
कार्जक्रम के समिक्षा मे उपाध्यक्ष फुलमती देवी चौधरी आ वार्ड अध्यक्षलोग आपन आपन बिचार रखले रहनी । कार्जक्रम के प्रक्षिण गाँवपालिका के स्वास्थ्य संयोजक राजेश रौनियार आ सहायक संयोजक सरोज गिरी देहले रहनी ।






