आउर १३ जने मे कोरोना संक्रमण, संक्रमित के संख्या १३४ पुगल

काठमाण्डु २९ वैशाख,

नेपाल मे आउर १३ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । कपिलवस्तु मे ६, रुपन्देही मे ६ आ बर्दिया मे १ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय जानकारी देहले बा ।

राष्ट्रिय जनस्वास्थ्य प्रयोगशाला मे कईल परीक्षण मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल मन्त्रालय के सहप्रवक्ता डा. समीरकुमार अधिकारी जानकारी देहले बानी । अभी के अध्यावधिक विवरण मुताविक कोरोना पुष्टी भईल लोग के संख्या १३४ पुगल बा ।

कपिलवस्तु के यशोधरा गाँवपालिका – आ वुद्धभूमि नगरपालिका–७ के १५, १९, २३, ३०, ३२ आ ३८ बरीस के पुरुष मे कोरोना संक्रमण देखल गईल बा ।

एहितरे रुपन्देही के सम्मरीमाइ गाँवपालिका– ७ आ लुम्बिनी साँस्कृतिक गाँवपालिका ६ के २४, २६, २७, ३०, ३२ आ ४० बरीस के पुरुष मे कोरोना संक्रमण देखल गईल बा ।

बर्दिया राजापुर नगरपालिका–५ के ११ बरीस के लइकी मे भी कोरोना संक्रमण देखल गईल बा ।
सोमार के सबेरे मात्र कपिलवस्तु मे १० जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।

सोमार के दिने सप्तरी मे भी एक युवक मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे । सोमार के सँझिया आउर १३ जने मे पुष्टि भईला के बाद नेपाल मे एके दिन २४ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

कपिलवस्तु मे मात्र सोमार के दिने १६ जने मे कोरोना संक्रमण देखल गईल बा । रुपन्देही मे एकरा से पहिले एक जने मे संक्रमित देखल गईला मे सोमार के दिने ६ जने थपाईल बाडन ।

बर्दिया मे पहिलका बेर कोरोना संक्रमण देखल गईल बा । सोमार के साँझ १३ जने मे पुष्टि भईला के बाद नेपाल मे कोरोना संक्रमित के संख्या १३४ पुगल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।